[the_ad_group id="30365"]

अक्टूबर के रैंकिंग में गोरखपुर नगर निगम टॉप-5 में सामिल: IGRS पs सफाई आ अतिक्रमण के सबसे बेसी शिकायतन के भइल निस्तारण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जनसुनवाई समाधान प्रणाली (IGRS) के अक्टूबर महीना के रैंकिंग में गोरखपुर नगर निगम टॉप- 5 नगर निगमन के लिस्ट में सामिल बा। पहिला स्थान पs शाहजहांपुर, दूसरका नंबर पs मुरादाबाद, तीसरका नंबर पs गाजियाबाद आ चउथा नंबर पs प्रयागराज नगर निगम बा। दूसरका ओर सबसे खराब प्रदर्शन करे वाला शीर्ष 5 नगर निगमन में कानपुर शहर, झांसी, बरेली, लखनऊ आ सहारनपुर नगर निगम सामिल बा।

सफाई आ अतिक्रमण के सबसे जादे शिकायत

IGRS पs अक्टूबर महीना में सबसे जादे शिकायत लोग सफाई आ अतिक्रमण संबंधी कइले रहे। IGRS प्रभारी अपर नगर आयुक्त निरंकार सिंह बतवलें, IGRS ममिलन के समय से गुणवत्तायुक्त निस्तारण पs शासन के जोर बा। एहिसे नियमित निगरानी कइल जा रहल बा। अलग-अलग अनुभागन के प्रभारियन के तरफ से निस्तारण रिपोर्ट लगावल गइला के बाद गुणवत्ता जांचे खातिर क्रास चेकिंगो होला।

शिकायतकर्तन के संतुष्टि पs होला ग्रेडिंग

शिकायतपत्रन पs दर्ज मोबाइल नंबर के मदद से शिकायतकर्तn से बात कs के ओह लोगन के संतुष्टी पूछल जाला। जरूरत पड़ला पs दोसर टीम भेज के जांच करावल जाला। एकरा बाद शिकायत निस्तारण के ग्रेडिंग होला। एकरा एह तरे समझे कि ए ग्रेड के मतलब शिकायतकर्तन के मोताबिक ममिला के निस्तारण भइल बा।

बी ग्रेड के माने संबंधित ममिला के निस्तारण हो गइल बाकिर मवका पs पहुंचला पs दोसरो समस्या मिलल। एही तरे सी ग्रेड के मतलब निस्तारण ना भइल। IGRS ममिलन के निस्तारण में रैंकिंग आ सुधारे खातिर निरंतर प्रयास कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]