[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में वायु प्रदूषण पs लागी रोक, नगर निगम किनलस अइसन हथ‍ियार, पेड़न के मिली संजीवनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वायु प्रदूषण पs नियंत्रण खातिर नगर निगम नौ-नौ हजार लीटर पानी क्षमता के कैनन युक्त दु वाटर स्प्रिंकलर किनले बा। 1.20 करोड़ लागत के दुनो मोबाइल वाटर स्प्रिंकलर गोरखपुर आ जाई। कैनन लागल होखला के वजह से एकरा से 20 से 25 फीट दूर तक पानी के छिड़काव कइल जा सकी।

एकरा से शहर में धूरा-माटी से होखे वाला प्रदूषण के रोकल जा सकी। राष्ट्रीय हरित न्यायाधिकरण के दिशा-निरदेसन के तहत राष्ट्रीय स्वच्छ वायु कार्यक्रम (एनसीएपी) मद में मिलल धनराशि से निगम दुनो मोबाइल वाटर स्प्रिंकल के किनल गइल बा।

सहायक नगर आयुक्त अविनाश प्रताप सिंह बतवलें कि जेम पोर्टल से एकरा के किनल खरीद कइल गइल बा। एह दुनो वाटर स्प्रिंकलर पs फाग कैनन (मिस्ट कैनन) लागल बा, एकरा माध्यम से तेज दबाव के संगे 25 फीट दूर तक पानी के छिड़काव कइल जा सकी। इहे ना सइयन के किनारे लागल ऊंच-ऊंच गाछन पs पानी के छिड़काव संभव हो सकी।

एकरा अलावे मोबाइल वाटर स्प्रिंकलर में लागल स्प्रिंकलर आ जेट पंप से सड़क के धुलाई के संगे डिवाइडर के धुलाई आ उर छिड़काव कइल जा सकी। जेट पंप से बहुत ऊंचाई तक पानी के छिड़काव होई। दुनो मशीन तइयार बा, बाकिर नगर निगम, राइट्स से एह मशीनन के गुणवत्ता के जांच करा रहल बा।

राइट्स के रिपोर्ट मिलला के बाद ई दुनो मशीन आ जाई। एह मशीनन के संचालन खातिर नगर निगम प्रशासन, चालक आ ईंधन उपलब्ध कराई। जवन फर्म से मशीनन के किनल जात बा, ओहिजा एकर पांच साल तक रखरखावो करी।

दुगो मोबाइल वाटर स्प्रिंकलर पहिलही से मौजूद

नगर निगम करीब तीन महीना पहिले एनसीएपी के तहत 70 लाख रुपिया के लागत के 6000 लीटर क्षमता के दुगो मोबाइल वाटर स्प्रिंकलर किनले रहे। एह दुनो मशीनन के मदद से महानगर के अलग-अलग सड़कन पs छिड़कावो करावल जाला।

नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल कहलें कि वायु प्रदूषण पs नियंत्रण खातिर पर्याप्त क्षमता के दुगो मोबाइल वाटर स्प्रिंकलर के किनल गइल बा। एह दुनो में फाग कैननो लागल बा, एकरा से 25 फीट दूर तक छिड़काव कइल जा सकी। एकरा से फेंड, सड़क आ डिवाइडर पs जमल धूरा-माटी के धोवल जा सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]