Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में पशु तस्करी करे वालन से पुलिस के मुठभेड़

पुलिस जौनपुर के पशु तस्कर के पैर में मरलस गोली, ट्रक सहित 30 गोवंश अउर तमंचा-कारतूस बरामद

164

गोरखपुर के सोनबरसा में शनिवार के भोर में 5 बजे पुलिस अउर पशु तस्करन में मुठभेड़ हो गइल। पुलिस जवाबी कार्रवाई करत एक पशु तस्कर के पैर में गोली मरलस। घायल पशु तस्कर के पुलिस अभिरक्षा में लेके जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

ट्रक में पशु लादके तस्कर जात रहने सब बिहार

पुलिस के अनुसार जौनपुर के पशु तस्कर ट्रक में 30 पशुअन के लादके फोरलेन पड़े बिहार जात रहने सब। मुखबिर के सूचना पर चौ

रीचौरा अउर क्राइम ब्रांच के पुलिस सोनबरसा बाजार के लग्गे ओकनीके रोके के कोशिश कइलस। पुलिस के देखते ट्रक के अंदर से पशु तस्कर  ताबड़तोड़ फायरिंग शुरू कs देहने सब। पुलिस खुद के बचाव करत जवाबी कार्रवाई कइलस।

पुलिस के जवाबी कार्रवाई में एगो पशु तस्कर के पैर में घुटना के लग्गे गोली लग गइल अउर ऊ घायल होके गिर गइल। जेकरे बाद पुलिस ओके दबोच लिहलस। ओकर पहचान जौनपुर के सरपतहा थाना के बिसौनी निवासी 26 वर्षीय इमरान पुत्र नूर मोहम्मद के रूप में भइल बा। बतावल जा रहल बा कि इमरान जौनपुर के शातिर बदमाश बा अउर पशुअन के तस्करी करsता। ओकरे ​खिलाफ कई केसओ दर्ज बा। पुलिस पूरा मामला के जांच कs रहल बा।

241930cookie-checkगोरखपुर में पशु तस्करी करे वालन से पुलिस के मुठभेड़

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.