[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में पशु तस्करी करे वालन से पुलिस के मुठभेड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के सोनबरसा में शनिवार के भोर में 5 बजे पुलिस अउर पशु तस्करन में मुठभेड़ हो गइल। पुलिस जवाबी कार्रवाई करत एक पशु तस्कर के पैर में गोली मरलस। घायल पशु तस्कर के पुलिस अभिरक्षा में लेके जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

ट्रक में पशु लादके तस्कर जात रहने सब बिहार

पुलिस के अनुसार जौनपुर के पशु तस्कर ट्रक में 30 पशुअन के लादके फोरलेन पड़े बिहार जात रहने सब। मुखबिर के सूचना पर चौ

रीचौरा अउर क्राइम ब्रांच के पुलिस सोनबरसा बाजार के लग्गे ओकनीके रोके के कोशिश कइलस। पुलिस के देखते ट्रक के अंदर से पशु तस्कर  ताबड़तोड़ फायरिंग शुरू कs देहने सब। पुलिस खुद के बचाव करत जवाबी कार्रवाई कइलस।

पुलिस के जवाबी कार्रवाई में एगो पशु तस्कर के पैर में घुटना के लग्गे गोली लग गइल अउर ऊ घायल होके गिर गइल। जेकरे बाद पुलिस ओके दबोच लिहलस। ओकर पहचान जौनपुर के सरपतहा थाना के बिसौनी निवासी 26 वर्षीय इमरान पुत्र नूर मोहम्मद के रूप में भइल बा। बतावल जा रहल बा कि इमरान जौनपुर के शातिर बदमाश बा अउर पशुअन के तस्करी करsता। ओकरे ​खिलाफ कई केसओ दर्ज बा। पुलिस पूरा मामला के जांच कs रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]