Gorakhpur News: गोरखपुर महोत्सव के समापन आज, सीएम योगी पांच लोगन के गोरखपुर रत्न सम्मान से नवजिहें

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 12, 2025

गोरखपुर : गोरखपुर महोत्सव के समापन आज होई। समारोह में सीएम योगी आदित्यनाथ अलग-अलग क्षेत्र में उत्कृष्ट जोगदान खातिर पांच लोगन के गोरखपुर रत्न से सम्मानित करेंगे। ई सम्मान खेल, कला, चिकित्सा, विज्ञान आ कृषि

Share

अंतरराष्ट्रीय टेनिस खिलाड़ी शगुन कुमारी के गोरखपुर रत्न पुरस्कार से सम्मानित कइल जाई

गोरखपुर : गोरखपुर महोत्सव के समापन आज होई। समारोह में सीएम योगी आदित्यनाथ अलग-अलग क्षेत्र में उत्कृष्ट जोगदान खातिर पांच लोगन के गोरखपुर रत्न से सम्मानित करेंगे। ई सम्मान खेल, कला, चिकित्सा, विज्ञान आ कृषि के क्षेत्र में उत्कृष्ट जोगदान देवे वाला लोगन के मिली। एकरा खातिर चयनित लोगन के सूचना भेज दिहल गइल बा।

खेल के क्षेत्र में अंतरराष्ट्रीय टेनिस खिलाड़ी शगुन कुमारी के ई पुरस्कार मिली। शगुन राज्य आ राष्ट्रीय स्तर के कइयन गो टेनिस प्रतियोगितन में पदक विजेता बाड़ी। कला के क्षेत्र में वरिष्ठ रंगकर्मी केसी सेन के चुनल गइल बा। ऊ 1200 से जादे नाटकन के मंचन आ निर्देशन कs चुकल बाड़ें। चिकित्सा के क्षेत्र में वरिष्ठ हड्डी रोग विशेषज्ञ डॉ. बीबी त्रिपाठी, विज्ञान के क्षेत्र में डीडीयू गोरखपुर विश्वविद्यालय के शोधकर्ता डॉ. साहिल महफूज आ कृषि के क्षेत्र में शहद उत्पादक किसान राजू सिंह के पुरस्कार दिहल जाई।

Read Also: Champions Trophy 2025: चैंपियंस ट्रॉफी में जसप्रीत बुमराह के खेलला पs संशय; आज टीम घोषित करे के अंतिम तारीख

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.