[the_ad_group id="30365"]

New Year 2024: नया साल में वंदेभारत से जाई प्रयागराज, रात ले लवट आएंब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अब रउरा संगम नहाए के बा, हाईकोर्ट में पैरवी के गुहार लगावे खातिर प्रयागराज जाके भा कवनो दोसरा काम में जाए के बा, चिंता करे के कवनो जरूरत नइखे। नयका साल में गोरखपुर से लखनऊ जाए वाली वंदे भारत एक्सप्रेस प्रयागराज चहुँप जाई आ रात में ही लवटी। एह ट्रेन के विस्तार के सगरी तइयारी हो चुकल बा। अबहीं खाली उद्घाटन के तारीख तय नइखे भइल.। उम्मीद बा कि जनवरी के पहिला हफ्ता में एकरा के लखनऊ भा प्रयागराज से फ्लैग ऑफ कs दिहल जाई।

पूर्वांचल के लोग खातिर प्रयागराज एगो धार्मिक शहर के साथे-साथ कानून आ शिक्षा के एगो प्रमुख केंद्र भी बा। हाईकोर्ट से जुड़ल मामिला में लोग के ओहिजा जाए के पड़ेला। अक्सर सरकारी अधिकारियन के एह मामिला में आपन केस पेश करे खातिर जाए के पड़ेला। एकरा अलावे संगम स्नान खातिर भी भारी संख्या में भक्त आवेले।

फिलहाल गोरखपुर से मुंबई जाए वाली बहुत ट्रेन वाराणसी होत प्रयागराज जंक्शन जाएली, लेकिन अब वंदे भारत अयोध्या-लखनऊ होत प्रयागराज जईहे। फिलहाल इs ट्रेन गोरखपुर से अयोध्या होत लखनऊ जात बिया, जवना के विस्तार करे के बा।

संभावित समय सारिणी 

गोरखपुर से 22549 नंबर के ट्रेन सबेरे 6:05 बजे रवाना होई। ट्रेन सबेरे 6:52-6:54 बजे बस्ती, 8:15-8:17 बजे अयोध्या आ सबेरे 10:20 बजे लखनऊ पहुंची। 15 मिनट के रुकला के बाद ट्रेन लखनऊ से प्रयागराज खातिर 10:35 बजे रवाना होई। रायबरेली में रुकला के बाद दुपहरिया 1:35 बजे प्रयागराज जंक्शन पहुंची।

22550 नंबर के ट्रेन प्रयागराज जंक्शन से दुपहरिया 3:15 बजे रवाना होई आ दुपहरिया 6:15 बजे लखनऊ पहुंची। 15 मिनट ले उहाँ रुकला के बाद लखनऊ से 6:30 बजे ट्रेन रवाना होई अवुरी रात के 10:40 बजे गोरखपुर पहुंची। आठ गो कोच के एह ट्रेन में एक बेर में 530 यात्री सफर कs पइहें।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]