[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: गोरखपुर-कामाख्या आ गोमती नगर-मालतीपाटपुर पूजा स्पेशल चली, यात्रियन के ना होई परेसानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorakhpur News: गोरखपुर-कामाख्या आ गोमती नगर-मालतीपाटपुर पूजा स्पेशल चली, यात्रियन के ना होई परेसानी

त्योहारन पs होखे वाला अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत गोरखपुर से कइयन गो पूजा विशेष गाड़ियन के संचालन कइल जा रहल बा। एही क्रम में 05082/05081 गोरखपुर-कामाख्या-गोरखपुर साप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचालन गोरखपुर से 10 नवंबर से एक दिसंबर तक हर सुक के कामाख्या से आ 11 नवंबर से 02 दिसंबर तक हर सनीचर के चार फेरन खातिर कइल जाई।

05082 गोरखपुर-कामाख्या साप्ताहिक विशेष गाड़ी सुक के गोरखपुर से दुपहरिया बाद 03:05 बजे प्रस्थान कs के देवरिया सदर, सीवान, छपरा, हाजीपुर, बरौनी होत दूसरका दिन तीन बजे कामाख्या पहुंची। वापसी यात्रा में 05081 कामाख्या-गोरखपुर साप्ताहिक विशेष गाड़ी सनीचर के कामाख्या से रात में 09 बजे प्रस्थान करी आ ई गाड़ी दूसरका दिन बरौनी से हाजीपुर, देवरिया सदर होत सांझ के 05:30 बजे गोरखपुर जंक्शन पs पहुंची।

एकरा अलावे 05068/05067 गोमती नगर-मालतीपाटपुर-गोमती नगर साप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचालन गोमती नगर से 09 से 30 नवंबर तक हर बियफे के आ मालतीपाटपुर से 11 नवंबर से 02 दिसंबर तक हर सनीचर के 04 फेरन खातिर होई।

05068 गोमती नगर-मालतीपाटपुर साप्ताहिक विशेष गाड़ी हर बियफे के गोमती नगर से सांझ 06.55 बजे यात्रा सुरू करी। ई ट्रेन बाराबंकी, गोंडा, मनकापुर, बस्ती, खलीलाबाद होत रात में 12:15 बजे गोरखपुर से प्रस्थान करी। इहां से देवरिया सदर, जौनपुर, वाराणसी जं., गया, कोडरमा, पुरुलिया होत भोर में 04:20 बजे मालतीपाटपुर पहुंची।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]