[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: धूमधाम से मनावल गइल V.S Foundation द्वारा आयोजित कजरी महोत्सव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वी.एस.फाउंडेशन के ओर से आयोजित कार्यक्रम कजरी महोत्सव काल्हु रात धूमधाम से मनावल गइल एह कार्यक्रम में गोरखपुर के नामी गायक आ अउरी कई गो नामी लोग मौजूद रहलें आ एह कार्यक्रम में भारी संख्या में महिला कजरी महोत्सव के आनंद लेत रहली.एह कार्यक्रम में हस्त निर्मित कईगो चिजन के स्टॉल रहे जवना में राखी, बैग, कपड़ा, अचार तथा भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप यायावरी वाया भोजपुरी के भी स्टॉल रहे जवन लोग के आकर्षित करत रहे।

वीएस फाउंडेशन के निर्देशिका संगीता मल्ल एह कार्यक्रम के शुरुआत कईली अवुरी महिला लो के तिलक लगा के अवुरी चूड़ी पहिरा के सभ के स्वागत कईली। एह कार्यक्रम में विशेष अतिथि कुलपति मैम डॉ. पूनम टंडन, डॉ. दिव्या रानी, ​​सत्य पाण्डेय, सवित्ती दास, रेणु सिंह, अनामिका शुक्ला, अंजलि जैन आ नीलम जी रहली.

वीएस फाउंडेशन के मेंबर ,रंजीता, मीना सिन्हा, बेला सिन्हा, प्रेमलता,पूनम सिंह, सुनीता दिव्यांगना , स्मृति, हर्षा, निशु , कंचन, रेनू ,सरिता सिंह,कीर्ति तथा श्वेता जी मौजूद रहली.

मशहूर गायक राकेश श्रीवास्तव, सारिका राय, सुमन, हिना,तथा अनिता जी गीत संगीत से चार चाँद लगवली. एह महोत्सव में छोट लइकिन के कथक नृत्य पेश कइल गइल जवन ओहिजा मौजूद सभे मंत्रमुग्ध हो गइल आ पूरा माहौल संगीत आ कजरी गीतन से सजल रहे.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]