[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर : जमीन दिलाए के नाम पे हड़पले रुपिया, गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जमीन दिलाए के नाम पे जालसाज 16,50,000 रुपिया हड़प लेले। पईसा लेहला के बाद जमीन तक ना दिहल गईल। पईसा वापस मांगला पे जान-माल के खतरा में डाले लगले। मामला दर्ज करा के पुलिस गोंडा जिला के कोतवाली थाना क्षेत्र के खैरा नई बस्ती निवासी आरोपी विनय कुमार यादव के गिरफ्तार क लेलस।

गिडा पुलिस के मुताबिक पीड़िता पुलिस के सूचना देले। बतावल जाता कि विनय यादव अवुरी उनुकर बाकी सहयोगी जमीन पावे के नाम पे सोलह लाख 50 हजार रुपया लेले। बाद में ना त जमीन दिहल गइल ना पइसा वापस क दिहल गइल। पीड़िता जब आपन पईसा मंगले त ओकरा के जान से मारे के धमकावे लगले। एकरा से व्यथित पीड़िता पुलिस के शिकायत दे देलस, जवना के आधार पे पुलिस जालसाजी के मामला दर्ज क के पईसा के भरोसा में राख के जान के धमकी देवे वाला के नाम पे कार्रवाई शुरू क देलस। सोमवार के पुलिस आरोपी विनय यादव के गिरफ्तार क कोर्ट में पेश क देलस, जहां से उनुका के जेल भेज दिहल गईल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]