[the_ad_group id="30365"]

GORKHPUR: बालीवुड के साथे – साथे स्थानीय कलाकारन से सजल आ गोरखपुर में बनल फीचर फिल्म ‘सक्षम’ कांस फिल्म फेस्टिवल में चमकी।

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

GORKHPUR : बालीवुड के साथे – साथे स्थानीय कलाकारन से सजल आ गोरखपुर में बनल फीचर फिल्म ‘सक्षम’ कांस फिल्म फेस्टिवल में चमकी फेस्टिवल में प्रदर्शन खातिर फिल्म के चयन कऽ लिहल गइल बा। कचरा बीने वाला अनाथ बच्चन के शिक्षा खातिर संघर्ष देखावत साक्षरता, नशामुक्ति, स्वच्छता, गरीबी आ बाल समर्पित फिल्म के चयन एही आधार पऽ कांस फिल्म फेस्टिवल खातिर कइल गइल बा। फिल्म के लेखन आ निर्देशन शुभांशु सत्यदेव कइले बाड़े, जवन गोरखपुर के बाड़े।

शुभांशु बतवले कि एह फिल्म के दृश्य गोरखपुर के उऽ वनटांगियां गांवन में फिल्मावल गइल बा, जवना के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोद लेले बाड़े। फिल्म के गुणवत्ता के देखत एकर चयन कांस फिल्म फेस्टिवल खातिर उऽ 10 फिल्मन में कइल गइल बा, जो भारत से चुनल गइल बाड़ी सन। फिल्म के राष्ट्रीय फिल्म विकास निगम आ भारतीय सूचना प्रसारण मंत्रालयो से सराहना मिलल बा। शुभांशु बतवले कि एह फिल्म के शूटिंग के बालीवुड के मशहूर विलेन रंजीत, प्यार का पंचनामा फेम रायो बखरीता, समीर खक्कर, बिजेंद्र काला, हीबा शाह, बिक्रम गोखले, सुधीर पांडेय, ओंकार दास जइसन कलाकार गोरखपुर अइले, जवना से पूर्वांचल के शूटिंग स्पाट के पहचान मुंबई ले पहुंचल। प्रदीप सत्यदेव के गीत-संगीत से सजल ई फिल्म सामाजिक परिवर्तनों में आपन योगदान सुनिश्चित करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]