Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

होली : गोरखपुर के मिलल 12 जोड़ी स्पेशल ट्रेन, यात्रियन के होई सुविधा, त्योहार के देखत रेलवे लेलस फैसला 

224

होली पs यात्रियन के होखे वाला अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत रेल प्रशासन 12 जोड़ी आउर ट्रेनन के घोषणा कइले बा। ई स्पेशल ट्रेन 20 मार्च से लेके तीन अप्रिल के बीच चले वाला बिया। एमे दिल्ली, चंडीगढ़, अमृतसर के अलावे सिकंदराबाद आ हैदराबादो खातिर ट्रेन बा। एकरा से होली में आवे आ जाय वालन के बहुते राहत मिली।

सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह बतवलें कि ट्रेन नंबर 04062/04061 दिल्ली-बरौनी-दिल्ली होली विशेष गाड़ी के संचालन दिल्ली से 24 आ 31 मार्च आ बरौनी से 25 मार्च आ एक अप्रिल के दु फेरन खातिर कइल जाई। एह ट्रेन में शयनयान श्रेणी के 18, साधारण द्वितीय श्रेणी के दुगो, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के एगो आ एसएलआर के दुगो कोचन सहित कुल 23 कोच लगावल जाई।

ट्रेन नंबर 04518/04517 चंडीगढ़-गोरखपुर-चंडीगढ़ होली विशेष गाड़ी के संचालन चंडीगढ़ से 21 आ 28 मार्च आउर गोरखपुर से 22 आ 29 मार्च के दु फेरन खातिर कइल जाई। ट्रेन नंबर 01664/01663 आनंद विहार-सहरसा-आनंद विहार टर्मिनस होली विशेष गाड़ी आनंद विहार टर्मिनस से 25 मार्च आ सहरसा से 27 मार्च के एक फेरा खातिर चली। ट्रेन नंबर 05005/05006 गोरखपुर-अमृतसर-गोरखपुर होली विशेष गाड़ी गोरखपुर से 20 आ 27 मार्च आउर अमृतसर से 21 आ 28 मार्च के दु फेरन खातिर चलावल जाई।

ट्रेन नंबर 04010/04009 आनंद विहार-जोगबनी-आनंद विहार टर्मिनस होली विशेष गाड़ी के संचालन आनंद विहार टर्मिनस से 26 मार्च तआ जोगबनी से 28 मार्च के एक फेरा खातिर कइल जाई। ट्रेन नंबर 04068/04067 दिल्ली-दरभंगा-दिल्ली होली विशेष गाड़ी के संचालन दिल्ली से 22 से 29 मार्च ले हर मंगर आ सुक के आ दरभंगा से 23 से 30 मार्च ले हर बुध आ सनीचर के तीन फेरन खातिर चली। ट्रेन नंबर 04004/04003 नई दिल्ली-सीतामढ़ी-नई दिल्ली होली विशेष गाड़ी के संचालन नई दिल्ली आ सीतामढ़ी से 22 से 29 मार्च ले हर मंगर आ सुक के तीन फेरन खातिर कइल जाई।

ट्रेन नंबर 05051/05052 छपरा-सिकंदराबाद-छपरा होली विशेष गाड़ी के संचालन 30 मार्च के छपरा से आ एक अप्रिल के सिकंदराबाद से एक फेरा खातिर कइल जाई। ट्रेन नंबर 05303/05304 गोरखपुर-महबूबनगर-गोरखपुर होली विशेष गाड़ी 23 मार्च के गोरखपुर से आ 25 मार्च के महबूबनगर से एक फेरा खातिर चली।

ट्रेन नंबर 05012/05011 गोमतीनगर-छपरा-गोमतीनगर होली विशेष गाड़ी गोमतीनगर से 21, 23, 25 आ 27 मार्च के आ छपरा से 22, 24, 26 आ 28 मार्च के चार फेरन खातिर चली। ट्रेन नंबर 05978/05977 डिब्रूगढ़-गोरखपुर-डिब्रूगढ़ होली विशेष गाड़ी डिब्रूगढ़ से 21 आ 28 मार्च आउर गोरखपुर से 26 मार्च आ दु अप्रिल के दु फेरन खातिर चलावल जाई। ट्रेन नंबर 05777/05778 गोरखपुर-न्यू जलपाईगुड़ी-गोरखपुर होली विशेष गाड़ी गोरखपुर से 23 आ 30 मार्च आ न्यू जलपाईगुड़ी से 25 मार्च आ एक अप्रैल के दु फेरा खातिर चलावल जाई।

764610cookie-checkहोली : गोरखपुर के मिलल 12 जोड़ी स्पेशल ट्रेन, यात्रियन के होई सुविधा, त्योहार के देखत रेलवे लेलस फैसला 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.