[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: व्यापारी के खाता से जालसाज 96 हजार रुपिया उड़वलस पुलिस कs रहल बिया जांच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

साइबर ठग उनका खाता से दु बेर में 96 हजार रुपिया उड़ा लेलस। जवना के बाद पीड़ित साइबर थाना आ शाहपुर पुलिस के तहरीर देलस। डेढ़ महीना के जांच पड़ताल के बाद शाहपुर पुलिस साइबर ठग के खिलाफ धोखाधड़ी के केस दर्ज कइले बिया।

बस के टिकट रद्द कs करे खातिर मोबाइल पs नंबर खोज रहल इलेक्ट्रॉनिक कारोबारी के खाता से साइबर अपराधी  96 हजार रूपिया उड़ा देलs। बुध के शाहपुर पुलिस साइबर ठग के खिलाफ धोखाधड़ी के केस दर्ज कs के ममिला के जांच कs रहल बिया।

जानकारी के मोताबिक, शाहपुर इलाका के असुरन चौराहा निवासी राम लखन सिंह के घर के लगे इलेक्ट्रॉनिक के दुकान बा। ऊ बतवलें कि 22 मई के बेवसाय के संबंध में दिल्ली गइल रहस। 24 मई के बस से गोरखपुर खातिर वापस आ रहल बा कि बस रास्ता खराब हो गइल। टिकट रद्द कs के दोसरा साधन से गोरखपुर आवे खातिर मोबाइल में बस के टोल फ्री नंबर खोजे लागल।

एही दौरान एगो अनजान नंबर से फोन आइल। फोन करे वाला बातचीत के दौरान पूरा जानकारी ले लेलस आ बतवलस कि 10 मिनट में टिकट के पैसा रउआ खाता में वापस आ जाई। तनी देर में मोबाइल पs मैसेज देख पीड़ित के होश उड़ गइल।

साइबर ठग उनका खाता से दु बेर में 96 हजार रुपिया उड़ा देले रहस। जवना के बाद पीड़ित साइबर थाना आ शाहपुर पुलिस के तहरीर देलस। डेढ़ महीना के जांच पड़ताल के बाद शाहपुर पुलिस साइबर ठग के खिलाफ धोखाधड़ी के केस दर्ज कइले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]