[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: पूर्व बीडीसी अउर उनके भाई के दउड़ा-दउड़ा के पिटलें, हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के हरपुर बुदहट क्षेत्र गोरहडीह गांव में पुरान रंजिश में अतवार बिहाने आठ बजे पूर्व बीडीसी विनय मद्देशिया अउर उनके भाई संजीत कुमार के कुछ लोग दउड़ा-दउड़ाकर पिटलें। आरोप बा कि रिटायर दीवान पारस यादव अपने बेटा अउर। अन्य के साथ मिल के  हमला कइले बानें। गंभीर रूप से घायल दूनों भाइयन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

ओंने, पुलिस मारपीट, हत्या के कोशिश के धारा में केस दर्ज क के रिटायर दीवान समेत चार आरोपियन के गिरफ्तार क के कोर्ट में पेश कइलें, जहां से उनके जेल भेज दिहल गइल। पकड़ल गइल आरोपियन के पहचान रिटायर दीवान पारस यादव, उनके लइका रामशरण यादव, आनंद यादव अउर मनीष सिंह के रूप में भइल बा।

गोरहडीह निवासी पारस यादव अउर विनय मद्देशिया के बीच पुरान रंजिश बतावल जा रहल बा। आरोप बा कि सुबह आठ बजे पारस यादव अपने बेटवन के साथ मिलकर विनय अउर संजीत पर हमला क दिहलें। लोग ने बीच बचाव कर मामिला के शांत करावे के कोशिश कइलें।

 

ओंने पुलिस घायलन के अस्पताल भेजलस अउर आरोपियन के गिरफ्तार कs लिहलें। दूनों भाइयन के गंभीर चोट आइल बा। एसपी साउथ अरुण कुमार सिंह बतवलें कि पुलिस केस दर्ज कर चारों आरोपियन के गिरफ्तार कs लिहलें बा। दूनों परिवार के बीच पुरान रंजिश बा अउर ओही में घटना भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]