जयकारा के बीच मातम: गोरखपुर में दुर्गा विसर्जन जुलूस में करंट दौड़ल, तीन लोगन के मौत

By Shweta Supriya

Published on: 11 घंटे पहले

गोरखपुर। मूर्ति विसर्जन खातिर निकलल जुलूस उत्सव आ उमंग में झूमत रहे। रजही चौराहा पर पहुंचल शोभायात्रा से बाजार के माहौल भक्तिमय हो गइल रहे। एही बीच अचानक ट्रॉली पर मूर्ति के संगे खड़ा लोग

Share

गोरखपुर। मूर्ति विसर्जन खातिर निकलल जुलूस उत्सव आ उमंग में झूमत रहे। रजही चौराहा पर पहुंचल शोभायात्रा से बाजार के माहौल भक्तिमय हो गइल रहे। एही बीच अचानक ट्रॉली पर मूर्ति के संगे खड़ा लोग करंट के चपेट में आ गइल।

कुछ पल पहिले तक जहाँ जयकारा गूँजत रहे, ओहिजा अचानक चीख-पुकार मच गइल। उत्सव के जगह चीख सुनाई देवे लागल आ खुशी के माहौल पल भर में मातम में बदल गइल। एह हृदयविदारक हादसा में तीन लोगन के जान चल गइल।

दुर्गापूजा शुरू होखे से पहिले पुलिस समेत अलग-अलग संस्था लोग के सावधानी बरते खातिर जागरूक कइले रहे। जगह-जगह चौपाल लगाके सुरक्षा के उपाय बतावल गइल रहे। डीजे समेत दोसरा व्यवस्था के लेके भी सख्ती बरतल गइल रहे, बाकिर उत्सव के दौरान सतर्कता में भइल चूक भारी पड़ गइल।


तीन गो परिवार के अपना लोग से बिछुड़े के दुख झेले के पड़ल। एह हादसा खातिर के जिम्मेदार बा, ई तय कइल जांच के विषय बा। हालांकि, एह घटना कई गो सवाल खड़ा कर देले बिया। सड़क के ऊपर नीचे लटकल बिजली के तार के ठीक काहे ना कइल गइल? मूर्ति छोट होखे के बावजूद ट्रॉली पर लंबा-लंबा लोहे के एंगल काहे लगावल गइल रहे?

विसर्जन के दौरान सुरक्षा के पूरा इंतजाम काहे ना कइल गइल रहे? एह सब पहलुअन के जांच जरूरी बा, ताकि जिम्मेदार लोगन के जवाबदेही तय हो सके आ अइसन घटना दोबारा ना होखे। हालांकि, एसएसपी मूर्ति के संगे चलत दुनो सिपाहियन पर कार्रवाई करत उनकरा के निलंबित कर देले बाड़न।

ओहिजा, हादसा में जान गंवावे वाला दुनो भाई के परिवार के लोगन के रो-रोके बुरा हाल बा। गाँव में शोक के माहौल पसरा गइल बा। कवनो अनहोनी के आशंका के देखत पुलिस आ पीएसी के तैनाती कइल गइल बा।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.