Gorakhpur News: डीएवी पीजी कॉलेज में ‘मिशन शक्ति 5.0’ कार्यक्रम, छात्रा लोगन के कइल गइल जागरूक

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 29, 2025

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में सोमार के दिने राष्ट्रीय सेवा योजना (दयानंद इकाई) आ रोवर्स-रेंजर्स इकाई के ओर से ‘मिशन शक्ति 5.0’ कार्यक्रम के संयुक्त आयोजन भइल। एह कार्यक्रम के नेत्तृत्व कॉलेज के प्राचार्य

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में सोमार के दिने राष्ट्रीय सेवा योजना (दयानंद इकाई) आ रोवर्स-रेंजर्स इकाई के ओर से ‘मिशन शक्ति 5.0’ कार्यक्रम के संयुक्त आयोजन भइल। एह कार्यक्रम के नेत्तृत्व कॉलेज के प्राचार्य प्रो. शैल पांडे, कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता आ डॉ. संजय कुमार पांडेय कइल लोग।

कार्यक्रम के दौरान मिशन शक्ति 5.0 के तहत थाना कोतवाली आ चौकी बक्शीपुर पुलिस के तरफ से छात्रा लोगन खातिर एगो बौद्धिक सत्र रखल गइल। एह सत्र में सब-इंस्पेक्टर आशीष कुमार आ हर्ष कुमार छात्रा लोगन के आपातकालीन हेल्पलाइन नंबर- 1930, 112, 1090 आदि- के बारे में जानकारी देलें।

आशीष कुमार कन्या शिक्षा आ महिला सशक्तिकरण खातिर चलावल जा रहल प्रधानमंत्री योजना के बारे में विस्तृत जानकारी देलें। ऊ सुकन्या समृद्धि योजना, लखपति दीदी योजना आ वन स्टॉप सेंटर वगैरह पs छात्रा लोगन के संगे विस्तार से चर्चा कइलन।

एह अवसर पर सक्रिय स्वयंसेविका वैष्णवी आ पूर्णिमा के साथे डॉ. रक्षा गुप्ता, डॉ. उमरा जमाल सहित कॉलेज के बहुते छात्रा उपस्थित रहे लोग।

Read Also: Gorakhpur News : खुला आसमान में रात-रात भर उड़ रहल बा ड्रोन, लाइट जलतही मच जात बा भगदड़, गांव में डर के माहौल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.