[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में रेलवे क्रासिंग के हाइट गेज पs चढ़ल जुवक, मचल हड़कंप, देखे वालन के उमड़ल भीड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीपीगंज। नगर कस्बा में इस्थित दक्षिणी रेलवे क्रासिंग पs लागल हाइट गेज पs बियफे के सबेरे एगो जुवक बोतल लेके चढ़ गइल। आसपास के लोग ओकरा के नीचे उतरे खातिर कहलस तs ऊ ना उतरल।

सूचना पs पहुंचल पीपीगंज पुलिस नगर पंचायत के दुनो लिफ्टर मंगवा के दु घंटा बाद ओकरा के नीचे उतरलस। जुवक के पहचान बिहार के पश्चिमी चंपारण के पियासी निवासी मुखलाल के रूप में भइल। ऊ मानसिक रूप से बेमार बा।

पुलिस के अनुसार मुखलाल 14 दिन पहिले धान रोपे खातिर अपना घर से पीपीगंज क्षेत्र में आइल रहे। एही बीच ऊ मानसिक रूप से बेमार हो गइल आ उहां से निकल गइल।  घूमत-घूमत सबेरे दस बजे रेलवे क्रासिंग पs पहुंचल।

इहां पs ऊ नीचे पड़ल एगो बोतल के हाथ में लेलस आ हाइट गेज पर चढ़े लागल। ओने से गुजरे वाला लोग ओकरा के चढ़े से रोकल, बाकिर ऊ मानल ना आ ऊपर पहुंचला के बाद खड़ा होके पैर उठाके नाचे लागल। अनहोनी के आशंका में उहां जुटल भीड़ पुलिस के सूचना देलस।

मवका पs पहुंचल पुलिस पहिले ओकरा के समझाके नीचे उतरे खातिर कहलस बाकिर ऊ ना उतरल। एकरा बाद नगर पंचायत से दु लिफ्टर लेके पहुंचल कर्मी हेलमेट पहिनके ऊपर पहुंचल आ बहुते मशक्कत के बाद जुवक के नीचे उतरलस।

पीपीगंज चौकी प्रभारी नितिन श्रीवास्तव बतवलें कि जुवक बिहार के रहे वाला बा, बाकिर अपना गांव के नाम ना बता सकल। ओकरा कावर से पिता के नाम नाथू मुसहर आ मोबाइल नंबर बतावल गइल। फोन कइला पs ओकरा पिता से बात भइल। ऊ बतवलें कि धान रोपे गइल रहे। चौकी प्रभारी बतवलें कि जुवक के बइठावल गइल बा। ओकरा के लेवे खातिर ओकर पिता आ रहल बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]