[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Nikay Chunav: पिछिला चुनाव में रिकार्ड मतन से जीतल रहे भाजपा, चउथा बेर नगर निगम पs मिलल रहे कब्जा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

साल 2017 के नगर निगम के चुनाव में भाजपा लगातार तीसरका बेर विजयी रहल। सीताराम जायसवाल सपा के राहुल गुप्ता के 75 हजार 972 मतन से हरवले रहस। सीताराम जायसवाल के एक लाख 46 हजार 187 आ राहुल गुप्ता के 70 हजार 215 मत मिलल रहे। राहुल के छोड़के बसपा, कांग्रेस, राष्ट्रीय लोकदल, पीस पार्टी, आम आदमी पार्टी (आप) के प्रत्याशी आपन जमानत तक ना बचा सकल रहे लो। आप के प्रत्याशी श्रवण जायसवाल के मात्र 3792 मत मिलल रहे।

भाजपा के पार्षद बढ़ल बाकिर बहुमत से कम

साल 2017 के चुनाव में भाजपा साल 2012 के मुकाबले आठ वार्ड ज्यादा जीतला। साल 2012 में भाजपा के मात्र 19 वार्डन में जीत मिल सकल रहे। ई 2017 में बढ़के 27 हो गइल बाकिर बोर्ड में बहुमत खातिर जोड़-तोड़ करे के पड़ल। तब 70 वार्डन के नगर निगम बोर्ड में बहुमत खातिर 36 पार्षद जरूरी रहे। हालांकि बाद में निर्दलियन के समर्थन लेके महापौर सीताराम जायसवाल पांच साल तक नगर निगम के कामकाज पूरा कइलें।

चुनाव चिह्न पs लड़ल सपा तs भइल नुकसान

साल 2012 के नगर निगम चुनाव में सपा आपन प्रत्याशी ना उतरले रहे। सपा से जुड़ल नेता निर्दलियन के रूप में चुनाव मैदान में उतरल रहे लो। तब 28 अइसन पार्षदन के जीत मिलल रहे जेकरा के सपा के मानल जात रहे। साल 2017 के चुनाव में सपा के प्रत्याशी चुनाव चिह्न साइकिल पs मैदान में उतरल रहे लो। तब सपा खाली 18 वार्डन में जीत के स्वाद चख सकल।

चार चुनाव में अइसे मिलल भाजपा के मत

साल  मिलल मत जीत के अंतर

1995 61957 25563

2006 133191 59106

2012 116559 33156

2017 146187 75972

नगर पंचायतन में बढ़ल भाजपा

साल 2012 में भइल चुनाव में जिला के सात नगर पंचायतन में भाजपा के खाता तक ना खुल सकल रहे। छव पs निर्दलिय आ एगो पs कांग्रेस जीत दर्ज कइले रहे। साल 2017 में जिला में आठ नगर पंचायत में भाजपा तीन सीटन पs विजय पवलस। पिपराइच में भाजपा के जितेंद्र कुमार जायसवाल, गोला में लालती आ उनवल कस्बा संग्रामपुर में भाजपा के उमाशंकर निषाद जीतल रहे लो। उनवल कस्बा संग्रामपुर में पहिला बेर नगर पंचायत चुनाव भइल रहे। सहजनवां में बसपा के सुमन सिंह, बड़हलगंज में पीस पार्टी के दुर्गा देवी, बांसगांव में निर्दल वेदप्रताप शाही, मुंडेरा बाजार में निर्दल सुनीता गुप्ता आ पीपीगंज में निर्दल गंगा प्रसाद जीत दर्ज कइले रहस।

अब देखे के बा, एह साल के चुनाव में मतदाता लोगन के समर्थन पार्टी विशेष के प्रत्याशियन के मिलत बा कि निर्दल प्रत्याशी तमाम समीकरणन के तुड़ के आगे बढ़त बा लो। 04 मई के मतदान आ 13 मई के मतगणना के बाद तस्वीर साफ हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]