[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Election: रवि किशन, कमलेश, काजल आ सदल समेत 12 प्रत्याशियन के नामांकन, एह वजह से आज आ बिहान बंद रही नॉमिनेशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला में सातवां आ आखिरी चरण खातिर चल रहल नामांकन के चउथा दिन सुक के कुल 12 प्रत्याशी नामांकन कइलस। गोरखपुर लोकसभा क्षेत्र से भाजपा उम्मीदवार रवींद्र शुक्ला उर्फ रवि किशन चार सेट में, समाजवादी पार्टी के उम्मीदवार काजल निषाद दु सेट में पर्चा दाखिल कइली।

एही तरे भागीदारी पार्टी के शिवशंकर प्रजापति, जनवादी पार्टी के श्रवण कुमार चौहान, भारतीय सर्वधर्म पार्टी के संजय सिंह राणा, मेरा अधिकार राष्ट्रीय दल के सोनू राय, भारतीय जवान किसान पार्टी के आनंद कुमार तथा निर्दल नफीस अख्तर गोरखपुर लोकसभा क्षेत्र से नामांकन पत्र दाखिल कइल लो।

ओहिजा बहुजन समाज पार्टी के जावेद अशरफ सुक के फेर एगो सेट में नामांकन पत्र जमा कलें। ऊ बियफे के नामांकन कइले रहे।

एही तरे बांसगांव लोकसभा क्षेत्र से भारतीय जनता पार्टी के कमलेश पासवान, कांग्रेस के सदल प्रसाद, निर्दल हीरा लाल आ रामा नामांकन कइलें। सनीचर आ अतवार के अवकाश के वजह से नामांकन काम बंद रहे। एकरा बाद नामांकन खातिर खाली दु दिन माने सोमार आ मंगर के मौका मिली।

15 मई के नामांकन पत्रन के जांच होई। 17 मई नाम वापसी के तिथि तय बा। नामांकन के चउथा दिन जादेतर प्रमुख दलन के उम्मीदवार नामांकन कs देले बा लो। सारा समय नामांकन स्थल पs चहल-पहल बनल रहल। सबेरे करीब 11:30 बजे सबसे पहिले गोरखपुर लोकसभा सीट से भाजपा उम्मीदवार रवि किशन नामांकन दाखिल कइलें।

एकरा बाद कमलेश पासवान, फेर सदल प्रसाद आ काजल निषाद नामांकन दाखिल कइल लो। गोरखपुर लोकसभा क्षेत्र से आखिरी समय दोपहर तीन बजे तक नामांकन दाखिल करने का सिलसिला जारी रहल। एकरा पहिले गोरखपुर लोकसभा के रिटर्निंग आफिसर आ डीएम कृष्णा करूणेश आउर बांसगांव लोकसभा क्षेत्र के रिटर्निंग आफिसर आ जीडीए उपाध्यक्ष आनंद वर्द्धन नामांकन स्थल के निरीक्षण कइल लो।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]