Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चुनाव खत्म होइते CM सिटी में बढ़ल क्राइम ग्राफ

गोरखपुर में 12 दिन में 7 हत्या, 5 ठो लाश मिलल, DGP लेहने अधिकारियन के क्लास

188

गोरखपुर में विधानसभा चुनाव के मतगणना के बाद अपराधी ताबड़तोड़ वारदात के अंजाम दे रहल बाने। आए दिन मर्डर, लूट, चेन स्नैचिंग के वारदात हो रहल बा। लाश के मिलले के सिलसिला बढ़ गइल बा। बढ़त अपराध के बाद मंगलवार के साँझ डीजीपी वीडियो कांफ्रेसिंग के जरिए गोरखपुर एडीजी जोन अखिल कुमार, डीआईजी गोरखपुर जे रविंद्र गौड़, बस्ती आईजी राजेश डी मोदक, देवीपाटन रेंज के डीआईजी के संगे बैठके कइने। डीजीपी एह चुनाव के बाद अब ले भइल अपराध, पुलिस के ओर से कइल गइल गैंगस्टर, जब्तीकेण अउर गुंडा एक्ट के कारवाही पs  फीडबैक लेहने।

12 दिन में 7 लोगन के हत्या से हड़कंप
पिछला ​12 दिन यानि 10 मार्च से ले के 22 मार्च ले जिला में हत्या के 6 वारदात भइल। एमें 7 लोग आपन जान गववने। कई हत्या में आरोपितन के पुलिस पकड़ लेहलस, लेकिन अभीन ले साधु के हत्या में पीपीगंज पुलिस खाली हाथ बा।

जिले में 5 लोग के लाशो मिलल रहल, उनकरे हत्या के आशंका जतावल जा रहल बा। एकरे अलावा चेन स्नैचिंग, लूट के 5 घटना भइल बा। अपराधियन के हौसला एतना बुलंद बा कि डीआईजी बंगला के समनवे महिला पुलिसकर्मी से मोबाइल लूट लिया। महिला पुलिसकर्मी एडीजी कैंपस में रहत बाड़ी अउर डीआईजी कार्यालय में दीवान के पद पs बा।

ई हत्या भइल

  • 12 मार्च के सिकरीगंज में अशोक सिंह के गोली मार के हत्या
  • 11 मार्च के पीपीगंज में साधु हंसराज के गला रेत के हत्या
  • 12 मार्च के गुलरिहा में मजदूर विनोद यादव के गला दबा के हत्या
  • 10 मार्च के सहजनवा में भैसला निवासी राजेंद्र उर्फ मन्नू के गला दबाके हत्या
  • 18 मार्च के गोरखनाथ में चाकू मारके सरफराज अउर नसीम के हत्या
  • 19 मार्च के गुलरिहा में विद्या पासवान के सिर कूच के हत्या

 

इहां मिलल लाश

  • 19 मार्च के चौरीचौरा में तेजाब से जलल जुवक के लाश मिलल
  • 21 मार्च के झंगहा में फरेन नाले में युवक के लाश मिलल
  • 11 मार्च के बेलीपार में महराजगंज के युवक के लाश मिलल
  • 21 मार्च के गोला इलाके में मिलल युवक के लाश
  • 18 मार्च के रामगढ़ताल के नौकायन के पास लापता युवक के मिलल रहे लाश

 

इहाँ भइल लूट के घटना

  • 22 मार्च के शाहपुर में रिटायर नर्स से सोने के चेन के लूट
  • 21 मार्च के चंदन के नाम पs युवक से 10 लाख के रंगदारी मांगल गइल
  • 17 मार्च के डीआईजी आवास के सामने महिला ​दीवान अर्चना उपाध्याय से मोबाइल लूट
  • 11 मार्च के कुवैत से कमाके लवटत कुशीनगर के उमेश ओझा से जहरखुरानी के लूट
  • 12 मार्च के पीपीगंज में विजय कुमार रावत से टैंपो अउर नगदी लूट

 

साभार – दैनिक भास्कर

230070cookie-checkचुनाव खत्म होइते CM सिटी में बढ़ल क्राइम ग्राफ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.