[the_ad_group id="30365"]

सरकारी नौकरी के लालच में ठग लेहले 32 लाख, केस दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रकारी नौकरी पवलें के लालच में चार लोग 32 लाख रुपया गंवा देहल। एक पीड़ित के तहरीर पर चौरीचौरा पुलिस बेतियाहाता के अनुपमा सिंह अउरी प्रयागराज के खीरी के कल्याणपुर निवासी अरविंद कुमार यादव के खिलाफ केस दर्ज कs लेहलस। एसएसपी के आदेश पर पुलिस केस दर्ज कर मामला के जांच कर रहल बिया।

जानकारी के मुताबिक, चौरीचौरा के रामपुर बुजुर्ग गांव निवासी सुरेंद्र सिंह तहरीर देके बतवलें कि चार लोग के नौकरी दियवले के नाम पर दूनों आरोपी 2018 में 32 लाख रुपया लेहले रहनें। कई बेर में रुपया देहलें के बाद ई दूनों नौकरी दियवले के झांसा देवे लगलें अउर बाद में रुपये मंगले पर धमकी देवे लगलें।

पीड़ित पहिले चौरीचौरा थाने में तहरीर देहलें, लेकिन कार्रवाई नाइ भइल त एसएसपी से मुलाकात कइलें। एसएसपी के आदेश पर बुधवार के पुलिस नामजद केस दर्ज कs के मामला के जांच शुरू क देहलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]