[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: गोरखनाथ मंदिर में कारतूस मामिला, झारखंड पुलिस के मदद से संदिग्ध लो के बयान के सच्चाई जांच करतिया पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर जिला के गोरखनाथ मंदिर गेट पs एगो बैग में कारतूस मिलला के बाद पुलिस पूरा जांच करतिया। पुलिस झारखंड पुलिस से संपर्क कs के उनुका के दिहल पता अवुरी उनुका ओर से दिहल बयान के सत्यापन करत देखता कि आरोपी केतना सच्चा बा। आरोपी के परिवार के लोग के भी एकरा बारे में जानकारी दिहल गईल बा। बतावल जाता कि जवना रिश्तेदार से उनुकर मुलाकात भईल ओकरा से पुलिस भी संपर्क करतिया।

जानकारी के मुताबिक पुलिस संदिग्ध लोग के एक ओर लेके पूछताछ कईले बिया। पुलिस जब उ लोग के इहाँ पहुंचे के बारे में पूछलस तs दुनो लोग बतवले कि उ लोग गोरखनाथ मंदिर के दर्शन करे आईल बानी। फिलहाल पुलिस आरोपी के दिहल बयान के एक-एक बिंदु के सत्यापन करतिया।

चूंकि सीएम के गईला के बाद ही गिरफ्तारी सांझ के भईल रहे एहसे पुलिस कवनो गलती ना कईल चाहत रहे। एसपी सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई कहले कि पुलिस जांच के आधार पs सबकुछ सत्यापन करतिया। जांच के आधार पs आगे के कार्रवाई कईल जाई।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]