[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: 42 एकड़ में बन एयरपोर्ट के नया टर्मिनल, एक हजार करोड़ होई खरचा- MOU पs भइल हस्ताक्षर

एयरपोर्ट के नया टर्मिनल भवन खातिर भइल एमओयू।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गोरखनाथ एयरपोर्ट के विस्तार के रास्ता साफ हो गइल बा। 42 एकड़ में गोरखपुर एयरपोर्ट के नया टर्मिनल भवन बनी। एकरा खातिर एयरफोर्स के ओर से लगभग 42.20 एकड़ जमीन एयरपोर्ट के दे दिहल गइल बा। एकरा के लेके एयरपोर्ट पs मंगर के जिला प्रशासन, एयरपोर्ट अथाॅरिटी ऑफ इंडिया आ एयरफोर्स के बीएच एमओयू (मेमोरेंडम ऑफ अंडरस्टैंडिंग) पs हस्ताक्षर कइल गइल।

तीन महीना में एकर डिजाइन तइयार करे के लक्ष्य रखल गइल बा। एकरा बाद बाद टेंडर प्रक्रिया सुरू होई। एकरा निर्माण में एक हजार करोड़ रुपिया खर्च होई। मानल जा रहल बा कि अगिला चार बरिस में नया टर्मिनल भवन बनके तइयार हो जाई।

एयरपोर्ट विस्तार खातिर एयरफोर्स मिलिट्री इंजीनियरिंग सर्विस (एमईएस) के जमीन दे रहल बा। ई जमीन वर्तमान एयरपोर्ट से सटल बा। इहां एयरफोर्स के कइयन गो बिल्डिंगाे बा, जवना के एयरफोर्स काॅलोनी के ओर शिफ्ट कइल जा रहल बा। भवन बनावे के काम लगभग पूरा हो चुकल बा। एकरा बाद एमईएस परिसर में बनल भवनन के तुड़ दिहल जाई। ओकरा बाद टेंडर के प्रक्रिया कइल जाई।

एयरपोर्ट के विस्तार के बाद यात्रियन के नया सुविधा मिलिहें सs। एक संगे 10 प्लेन खड़ा करे खातिर एप्रन उपलब्ध होई। एकरा संगही कार खातिर पार्किंग बनावल जाई। नया टर्मिनल भवन बन गइला के बाद इहां से रोज लगभग 200 फ्लाइट उड़ान भर सकी।

पीएम के हाथे हो सकत बा शिलान्यास

एयरपोर्ट के नया टर्मिनल भवन के शिलान्यास छव महीना के भीतर कइल जा सकत बा। डिजाइन के मंजूरी मिलला के बाद एस्टीमेट फाइनल होई। एह प्रक्रिया के पूरा होखला के बाद शिलान्यास के कार्यक्रम कs के टेंडर के प्रक्रिया सुरू कs दिहल जाई। काम सुरू होखला के बाद लगभग तीन साल में पूरा करे के लक्ष्य बा। एकर शिलान्यास प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कs सकत बाड़े।

प्रतिघंटा आ-जा सकिहें 2500 यात्री

एयरपोर्ट निदेशक आरके पराशर बतवलें कि नया टर्मिनल भवन बन गइला के बाद प्रति घंटा यात्रियन के आवे-जाये के क्षमता बढ़ जाई। अभी 270 यात्री प्रति घंटा आवागमन होला। विस्तार हो गइला के बाद 2500 यात्री प्रति घंटा आ-जा सकी लो। नंदानगर के ओर राउंड ओवर बनावल जाई।

अंडरपास के निर्माण कइल जाई। एकरा अतिरिक्त फोरलेन के कनेक्टिविटियो होई। गाड़ियन के खड़ा करे खातिर पार्किंग के बेवस्था कइल जाई। एक संगे 1400 कार इहां पार्क कइल जा सकी। अभी एके एप्रन बा। एकरा कारण फ्लाइट लैंड होखला के बाद कबो-कबो लमहर समय तक फ्लाइट में यात्रियन के इंतजार करे के पड़ेला।

विस्तार के बाद 10 फ्लाइट खड़ा करे खातिर उपलब्ध होई, जवना से इहां से 24 घंटा में 200 फ्लाइटन के उड़ान हो सकी। अभी 26 उड़ान होला। एमे 13 फ्लाइट आवेला आ एतनही जाला।

Read Also: IND vs ENG : इंग्लैंड टेस्ट में हासिल कइलस आपन दूसरका सबसे बड़ लक्ष्य, बढ़त लेला के बादो भारत के मिलल हार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]