[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर एम्स: डॉ. कुमार सतीश के डिग्री मिलल फर्जी, कार्यमुक्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) के एनाटॉमी विभाग में प्रोफेसर के रूप में तैनात डॉ. कुमार सतीश रवि के डिग्री आ अनुभव प्रमाणपत्र फर्जी मिलल बा। स्थायी चयन समिति (एसएससी) के जांच रिपोर्ट अइला के बाद कार्यकारी निदेशक डॉ. जीके पॉल सुक के डॉ. कुमार के नियुक्त के शून्य आ अमान्य घोषित करत तत्काल प्रभाव से कार्यमुक्त कs देले बाड़ें।

एम्स गोरखपुर में डॉ. कुमार सतीश रवि फरवरी 2023 में आवेदन कइले रहस। ओहि माह में 11 फरवरी के इंटरव्यू भइल रहे आ 20 मार्च 2023 के एनाटॉमी विभाग में प्रोफेसर के रूप चयन हो गइल। इनकर नियुक्त सशर्त भइल रहे कि रिपोर्ट सही पावल गइला पs शैक्षणिक समिति से अनुमोदन मिली, बाकिर मार्च के अंतिम हफ्ता में शिकायत भइल कि एम्स में तैनात कइल जा रहल डॉ. रवि डिग्री आ अनुभव प्रमाणपत्र फर्जी लगवलें बाड़ें।

एम्स प्रेसीडेंट कार्यकारी निदेशक के जांच करावे के आदेस देलें। शिकायत में आरोप रहे कि डॉक्टर के लगे 10 महीना दु दिन के अनुभव प्रमाणपत्र बा, जबकि तीन साल के अनुभव चाहत रहे। ओहिजा, 2009 में पीजी के डिग्री लगवले रहस, जबकि पीजी 2011 में पूरा भइल।

जांच में पता चलल कि पहिले से एम्स ऋषिकेश में डॉ. कुमार सतीश रवि पs अनुशासनात्मक कार्रवाई के जांच चल रहल बा। पहिले ऊ उहवें तैनात रहस। डॉक्टर नियुक्ति के समय एहू तथ्य के छिपवले रहस। जांच टीम के सामने डॉ. रवि आपन अलग-अलग अभ्यावेदनन के माध्यम से बचाव प्रस्तुत कइलें, जवना पs विस्तार से विचार कइल गइल।

एम्स कार्यकारी निदेशक अपना निरदेस में साफ तौर पs कहलें बाड़ें कि ई स्पष्ट रूप से एगो स्वीकृत तथ्य हs, जइसन कि उनका ओर से प्रस्तुत अलग-अलग दस्तावेजन से ई साफ बा कि ऊ एम्स ऋषिकेश आ एम्स गोरखपुर में आपन नियुक्ति के समय भ्रामक जानकारी प्रस्तुत कs के स्थायी चयन समिति के गुमराह कइले रहस। जांच रिपोर्ट एम्स प्रशासन के जुलाई में मिल गइल रहे।

12 जुलाई 2024 के स्थायी शैक्षणिक समिति (एसएसी) के असाधारण बैठक में डॉ. रवि के नियुक्ति के अवैध करार दे दिहल गइल। संगही कार्यकारी निदेशक के एह आशय ले कार्यालय आदेस जारी करे खातिर अधिकृत कइल गइल। एकरा आधार पs सुक के कार्यकारी निदेशक डॉ. कुमार सतीश रवि के नियुक्ति के शून्य आ आमान्य घोषित कs के उनका के तत्काल प्रभाव से एम्स गोरखपुर से मुक्त कs देले बा।

एम्स के कार्यकारी निदेशक जीके पाल बतवलें कि समिति के रिपोर्ट के आधार पs एनाटॉमी विभाग में प्रोफेसर डॉ. कुमार सतीश रवि के तत्काल प्रभाव से कार्यमुक्त कs  दिहल गइल बा। इस संबंध में आदेस जारी हो गपी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]