[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर AIIMS के 50 जूनियर डाक्टरन के समाप्त होइ सेवा, चिकित्सा अधीक्षक जारी कइलस नोटिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मेडिकल अधीक्षक एम्स के 50 जूनियर डॉक्टर के सेवा समाप्त करे के नोटिस जारी कईले बाड़े। जवना के चलते खिसियाइल जूनियर डॉक्टर विरोध कईले बाड़े। उ लोग के कहनाम बा कि अबे ले अनुबंध के मुताबिक समय खतम नईखे भईल।

एम्स के 50 जूनियर डॉक्टर (जेआर) के सेवा खतम होखे वाला बा। उनुका के मेडिकल सुपरिंटेंडेंट के ओर से नोटिस जारी क दिहल गईल बा। एकरा विरोध में जूनियर डॉक्टर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से शिकायत कईले बाड़े। उनुकर कहनाम बा कि अनुबंध के मुताबिक, केहु के दु महीना अवुरी केहु के छव महीना के नौकरी बाचल बा। कवनो जूनियर डॉक्टर भी नियम के उल्लंघन नईखन कईले। अइसना में समय से पहिले सेवा समाप्त कइल जायज नइखे।

इहे हाल बा

मेडिकल सुपरिंटेंडेंट डॉ. मनोज कुमार सौरभ के जारी नोटिस में कहल गइल बा कि अब जेआर के अनुबंध ना बढ़ावल जाई। एक महीना बाद नौकरी छोड़े के पड़ी, काहे कि अब इहाँ अकादमिक डाक्टर आ जइहें, एहसे अब ओकरा के ना राखल जा सके।

जूनियर डाक्टरन के कहना बा कि पिछला महीना 16 मई के अचानक बइठक बोलावल गइल रहे। एक महीना के तनखाह रोक के डिग्री जमा करावे के कहल गइल। हमनी के सप्ताह में 96 घंटा से जादे काम करेनी। नौकरी में कवनो गलती ना भईल। तबो हमनी के समय से पहिले निकालल जा रहल बा।

प्रभारी मीडिया का कहत बा

एम्स के जूनियर डॉक्टर के एक महीना के समय दिहल गईल बा। एम्स में जुलाई से पीजी कोर्स शुरू हो जाई। 50 गो पीजी सीट बा, एहसे हमनी के लगे पर्याप्त संख्या में अकादमिक जेआर होईहे।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]