[the_ad_group id="30365"]

Gopalganj: 200 ग्राम सोना के तस्करी करत दू गो युवक गिरफ्तार, कार जब्त

Crime : news
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के गोपालगंज में बुध के देर रात गाड़ी के जांच के दौरान पुलिस 200 ग्राम सोना बरामद कइलस एह दौरान पुलिस कार अउरी दु गो मोबाइल फोन जब्त कऽ लेलस साथही सिवान जिला के सोना के तस्करी करत दु गो युवक के गिरफ्तार कऽ लेलस। सोना के पाउडर केमिकल में छिपा के राखल गइल रहे पुलिस गिरफ्तार लोग के आपराधिक इतिहास के जांच करतिया।

जिला के बरौली थाना क्षेत्र के कहला नहर पुल के लगे बुध के देर रात गाड़ी के जांच के दौरान पुलिस गाड़ी से 200 ग्राम सोना बरामद कइलस। एह दौरान पुलिस एगो कार अवुरी दु मोबाइल फोन जब्त ककऽ के सोना के तस्करी करेवाला सिवान जिला के दु युवक के गिरफ्तार क लेलस।

बरौली थाना प्रभारी संदीप कुमार के जानकारी मिलल कि विदेश से आवे वाला कुछ युवक ट्रॉली बैग में छिपा के सोना के खेप के तस्करी करे खाती सिवान से बरौली जात रहले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]