[the_ad_group id="30365"]

Bihar Crime: गोपालगंज में दिनदहाड़े मुखिया के गोली मारके हत्या, क्षेत्र में फइलल सनसनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

थावे थाना के नारायणपुर गांव के लगे अपराधी बियफे के सबेरे एगो मुखिया के गोली मारके हत्या कs देले सs। मृतक के पहचान थावे प्रखंड के फुलुगनी पंचायत के मुखिया के रूप में भइल। दिनदहाड़े मुखिया के हत्या के बाद से क्षेत्र में सनसनी फइल गइल बा।

मुखिया के हत्या के सूचना पs मवका पs पुलिस पहुंची आ शव के कब्जा में ले लेलस। पुलिस पोस्टमार्टम खातिर शव के सदर अस्पताल भिजवावल गइल बा। पुलिस ममिला के जांच में जुट गइल बिया।

जानकारी के मोताबिक, फुलुगनी पंचायत के मोहमद कुरैश कवनो काम से बाइक लेके थावे जाये खातिर निकलल रहले। एही बीच नारायणपुर गांव के लगे अपराधी बाइक सवार मुखिया पs फायरिंग सुरू कs दिहल बा। एह दौरान मुखिया के मुंह में एगो गोली लाग गइल। एसे उनकर मौत हो गइल।

घटना के सूचना मिलला के बाद थावे थाना प्रभारी मवका पs पहुंचले आ शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देलस। पुलिस के टीम ममिला के जांच में जुट गइल बा। हत्या के सूचना मिलला के बाद बहुते संख्या में लोग सदर अस्पताल में पहुंच गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]