[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज डीएम के वॉट्सऐप हैक भइला से मचल हड़कंप: वॉट्सऐप चलावे में परेसानी होखला पs भइल जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के जिलाधिकारी मो. मकसूद आलम के वाट्सएप अकाउंट के साइबर अपराधी हैक कs लेले सs। ममिला के लेके साइबर थाना में अज्ञात साइबर अपराधियन के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज कs के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी सुरू कs दिहल गइल बा।

ओहिजा, साइबर डीएसपी अवंतिका दिलीप कुमार एह ममिला के गंभीरता से लेत जांच सुरू कs देले बाड़ी। ओहिजा व्हाट्सएप अकाउंट हैक होखला के बाद से सरकारी नंबर से कवनो तरे के मैसेज के अदान-प्रदान बंद हो चुकल बा।

वॉट्सऐप चलावे में परेसानी होखला पs भइल जानकारी

बता दीं कि एह दिनन साइबर अपराधियन के ओर से आम से लेके खास तक के लोगन के संगे जालसाजी के खेल खेलल जा रहल बा। आलम ई बा कि सायबर अपराधियन के ओर से पल भर में बैंक अकाउंट से पईसा के निकासी कs लिहल जा रहल बा आ फेर सोशल मीडिया के हैक कs के कइयन तरे के आपराधिक कृत्य कs रहल बाड़ें सs।

साइबर अपराधी आम तs आम खास तक के नइखन सs छोड़त। एह में साइबर अपराधी जिलाधिकारी मो. मकसूद आलम के निशाना बना लेले बाड़ें सs आ उनकर वाट्सएप अकाउंट के हैक कs लेले बाड़ें सs। बतावल जात बा कि 17 जून के सबेरे डीएम जब वॉट्सऐप के उपयोग कइलें तs परेसानी उत्पन्न भइल।

कवनो तरे के मैसेज उनका सरकारी नंबर- 9473191278 से ना हो पावत रहे। मामला साबइर से जुड़े आ व्हाट्सएप हैक होखे के बात सामने आइल, जवना के बाद 24 घंटा खातिर व्हाट्सएप ब्लॉक हो गइल।

अपराधियन के ना मिलल सुराग

डीएम के सरकारी नंबर के व्हाट्सएप अकाउंट हैक होखला के बाद जिला गोपनीय प्रशाखा के वरीय आशुलिपिक मुकेश कुमार वर्मा साइबर थाना में प्राथमिकी दर्ज करवलें। साइबर थानाध्यक्ष सह डीएसपी अवंतिका दिलीप कुमार प्राथमिकी दर्ज कइला के बाद जांच सुरू कs देले बाड़ी। पुलिस के अबतक साइबर अपराधियन के बारे में कवनो सुराग नइखे मिल सकल। बता दीं कि एकरा पहिले तत्कालीन डीएम डॉ. नवल किशोर चौधरी आ डीएम राहुल कुमार के फेसबुक अकाउंट के साइबर अपराधी हैक कs लेले रहले सs।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]