[the_ad_group id="30365"]

हैदराबाद: बस स्टॉप से किडनैप कs के महिला से कइलस रेप, भाई के पिटाई से नाराज होके घर से निकलल रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

तेलंगाना के राजधानी हैदराबाद में एगो महिला के जबरन अपहरण के मामिला सोझा आईल बा। आरोपी महिला के अपहरण कs के ओकरा संगे दुष्कर्म कईले। हैदराबाद के एमजीबीएस बस स्टैंड से महिला के अपहरण कs लिहल गईल। एकरा संगे एगो महिला के जबरन अपहरण अवुरी ओकरा संगे बलात्कार के चलते अब महिला के सुरक्षा के लेके सवाल उठता। बंदलागुडा थाना के पुलिस निरीक्षक शाकिर अली एs घटना के बारे में जानकारी देले बाड़े। अब बलात्कार के इs मामिला सोझा अईला के बाद पुलिस एs पूरा घटना के जांच शुरू कs देले बिया।

हैदराबाद के एमजीबीएस से अपहरण

पुलिस निरीक्षक शाकिर अली बतवले कि 6 जनवरी के पीड़िता के भाई से झगड़ा भईल रहे। ए दौरान भाई पीड़िता के पिटाई कईले रहले। एकरा चलते पीड़िता खिसिया के सूर्यापेट में बस में चढ़ के रात के करीब 10:40 बजे हैदराबाद के एमजीबीएस बस स्टैंड पहुंच गईल। महिला बस स्टैंड पs खड़ा रहली, तबे बाइक पs सवार दु लोग उनुका नजदीक आ गईले। बाइक सवार बदमाश उनुका से पूछले कि कहाँ जात बानी। एकरा पs पीड़िता कहली कि उ थाना जात बिया। एकरा बाद बाइक चलावे वाला बदमाश जबरन उनुका के बाइक पs बईठा देले।

गोदाम में ले जाए के बाद बलात्कार

एकरा बाद बदमाश पीड़िता के पास के गोदाम में ले गईले। इहाँ उs पीड़िता के संगे दुष्कर्म कईले। एह दौरान महिला सोर मचवलस, सुन के नजदीक के लोग उहाँ पहुंच गईले। जसही उs लोग के देखले आरोपी मउका से फरार हो गईले। बंदलगुडा थाना के पुलिस निरीक्षक शाकिर अली मामिला के छानबीन हो रहल बतवले। आरोपी के तलाश जारी बा।एs मामिला में आरोपी के पकड़ला के बाद ओ लोग के खिलाफ सबसे कड़ा कार्रवाई होई।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]