[the_ad_group id="30365"]

Google बदली Gmail के पॉलिसी, अप्रैल 2024 से कम होई फालतू ईमेल्स के संख्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गूगल के ईमेल सेवा यानी जीमेल के इस्तेमाल करे वाला यूजर अक्सर स्पैम मेल से परेशान होखेले। जीमेल के इनबॉक्स हजारन स्पैम मेल से भर जाला जवना के यूजर खातिर कवनो फायदा ना होला आ आसानी से हटावल ना जाला। अयीसना में जीमेल यूजर खातीर आपन स्पैम पॉलिसी अपडेट कs देले बा।जीमेल के एह नया नीति के चलते यूजर के आवे वाला स्पैम मैसेज में कमी आई। गूगल अप्रैल 2024 से धीरे-धीरे एह नीति के लागू करे वाला बा, जवना के चलते एकर सीधा असर ओ मार्केटिंग एजेंसी पs पड़ी जवन कि सेवा चाहे उत्पाद के प्रचार खातीर सीधा ईमेल भेजत बाड़ी।

जीमेल के नया नीति
ई घोषणा गूगल अपना ईमेल सेंडर गाइडलाइन FAQ में कइले बा। अब जीमेल ओह प्रेषक के ईमेल के प्रमाणित कs दी जे हर दिन पाँच हजार से अधिका ईमेल भेजत बा। कंपनी इहो चाहत बिया कि यूजर के ओह न्यूजलेटर, प्रचार वगैरह से सदस्यता रद्द करे में आसानी होखे जवना से ओह लोग के इनबॉक्स में ईमेल के बाढ़ आ जाला।

नयका नियम के तहत बल्क सेंडर के ईमेल के जीमेल के सेंडर गाइडलाइन के मुताबिक प्रमाणित कईल जाई।  अगर कवनो प्रेषक के बहुते संख्या में गैर जरूरी ईमेल भेजत पावल जाव तs ओह ईमेलन के कुछ हिस्सा जीमेल खारिज कर दी। गूगल स्पैम के छाने के प्रतिशत नइखे बतवले बाकिर कंपनी थोक भेजे वालन के साफ चेतावनी दिहले बिया कि ऊ लोग अपना स्पैम दर पs नजर राखे।

जीमेल यूजर्स के नया सुविधा मिली

जीमेल के पता चल जाई जब यूजर कवनो खास प्रेषक के ईमेल के अनदेखी करीहें।  एह डेटा के इस्तेमाल करत कंपनी एह बात पs नजर राखी कि कवन थोक प्रेषक गैर जरूरी ईमेल भेजत बा। अब ले जीमेल खाली यूजर के भेजत लोग से सदस्यता रद्द करे के सुझाव देत रहे, लेकिन अब जीमेल के नाया नीति में अयीसन फालतू ईमेल के उनुका इनबॉक्स में ना पहुंचे दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]