[the_ad_group id="30365"]

Google Pixel 8 Pro के लॉन्च से पहिले देखीं कइसन दिखी फोन, लाइव इमेजेज लीक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Google Pixel 8 सीरीज के अक्टूबर महीना में लॉन्च कइल जा सकत बा। एकरा तहत वैनिला Pixel 8 आ Pixel 8 Pro सामिल होई। एह सीरीज के लॉन्च से पहिले एकरा बारे में कइयन डिटेल्स लीक भइल बा। एही बीच Pixel 8 Pro के लाइव इमेजो लीक हो गइल बा। एकरा के ऑनलाइन देखल गइल बा। फोन के फ्रंट आ बैक पैनल के डिजाइन सामने आइल  बा। एकर कोडनेम “husky” बा। एमे LPDDR5 रैम आ 128GB स्टोरेज दिहल जा सकत बा। Pixel 8 Pro में पंच-होल डिस्प्ले दिहल गइल बा। ई ठीक ओइसने होई जइसन Pixel 7 Pro में दिहल गइल बा।

Pixel 8 Pro के लाइव इमेजेज लीक: एगो रेडिट यूजर Pixel 8 Pro के लाइव इमेजेज शेयर कइले बा। एकरा बाद पोस्ट के हटा लिहल गइल रहे। रेंडर्स इमेजेज में फोन के स्क्रीन पs”husky” कोडनेम लिखल बा। एसे इहो पता चलत बा कि एह फोन में 12GB Samsung LPDDR5 रैम आ 128GB SKHynix स्टोरेज दिहल जा सकत बा।

Pixel 8 Pro के फ्रंट पैनल बहुत हद तक Pixel 7 सीरीज जइसन बा। पंच-होल कटआउट में सेल्फी कैमरा मवजूद बा। फोन के बैक पैनल के बात करीं तs एह पs “Zuma” स्टीकर लागल बा। एमे चिपसेट कवन होई, एकर जानकारी नइखे दिहल गइल बा। मानल जा रहल बा कि एमे Tensor G2 SoC के अपग्रेडेड वर्जन दिहल जा सकत बा। ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप के संगे LED फ्लैशो मवजूद होई।

Google Pixle 7 Pro में मिली ई खास फीचर, बस अपनाई ये टिप्स एंड ट्रिक्स

Google Pixel 8 सीरीज के अक्टूबर महीना में लॉन्च कइल जा सकत बा। एकर वैनिला मॉडल हेज, जेड, लिकोराइज आ पियोनी फिनिश में उपलब्ध करावल जा सकत बा। ओहिजा, Pixel 8 Pro जेड, लिकोराइज, पोर्शेलेन आ स्काई फिनिश मवजूद हो सकत बा। ई सब वाई-फाई 7 सपोर्ट के संगे पेश कइल जा सकत बा।

आउर संभावित फीचर्स: Pixel 8 Pro में 6.7 इंच के OLED डिस्प्ले दिहल जा सकत बा। ओहिजा, Pixel 8 में 6.17 इंच के OLED डिस्प्ले दिहल जाये के उम्मीद बा। प्रो मॉडल में 4950 एमएएच के बैटरी समेत 27W वायर्ड चार्जिंग सपोर्ट दिहल जाये के उम्मीद बा। Pixel 8 में 4485mAh के बैटरी दिहल जा सकत बा जवन 24W वायर्ड चार्जिंग के सपोर्ट करेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]