Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चीन के बड़ झटका: आईफोन के बाद अब Google Pixel फोन के भारत में बनावे के योजना, जानीं का बा कारण

दावा के मोताबिक गूगल भारत में 5 से 10 लाख तक पिक्सल फोन के मैन्युफैक्चरिंग के योजना बना रहल बा। गूगल एकरा खातिर प्रक्रियो शुरू कs देले बा.।

2,102

चीन के बड़ झटका: आईफोन के बाद अब Google Pixel फोन के भारत में बनावे के योजना, जानीं का बा कारण

दावा के मोताबिक गूगल भारत में 5 से 10 लाख तक पिक्सल फोन के मैन्युफैक्चरिंग के योजना बना रहल बा। गूगल एकरा खातिर प्रक्रियो शुरू कs देले बा।

एपल के बाद अब गूगल आपन फ्लैगशिप Google Pixel स्मार्टफोन के भारत में बनावे के योजना बना रहल बा। एकरा पीछे चीन में कोविड-19 के कारण लॉकडाउन आ प्रोडक्शन के धीमा रफ्तार के कारण बतावल जा रहल बा। दावा के मोताबिक गूगल भारत में 5 से 10 लाख तक पिक्सल फोन के मैन्युफैक्चरिंग के योजना बना रहल बा।  कंपनी भारत के साथे वियतनाम में आपन कारोबार ले जाए को सोच रहल बिया।

बता दीं कि एपल आईफोन के भारत में मैन्युफैक्चरिंग के टाटा ग्रूप विस्ट्रॉन कॉर्प के साथे बतकही कइले बा। ब्लूमबर्ग के एगो रिपोर्ट में दावा कइल गइल रहे कि दनो कंपनियन के बीच एह डील के लेके चर्चा जारी बा आ टाटा विस्ट्रॉन के भारतीय परिचालन में हिस्सेदारियो किन सकेला। दावा में दुनो कंपनियन के नया संयुक्त असेंबलिंग प्लांट पs विचार के बातो कहल गइल रहे।

भारत में मैन्युफैक्चरिंग के पीछे कारण

हाले में गूगल अपना पिक्सल फोन के भारत में निर्माण खातिर भारतीय निर्माता लोगन से निविदा मंगले बा। कंपनी के भारत में 5 से 10 लाख तक पिक्सल फोन मैन्युफैक्चरिंग के योजना बा। अभी ले गूगल आपन फ्लैगशिप फोन के निर्माण खाली चीन में करत आइल बा। बाकिर कोविड-19 के कारण चीन के प्रमुख टेक्नोलॉजी हब शंघाई समेत कइयन गो आउर शहरन में लॉकडाउन से सप्लाई चैन के बहुते नुकसान भइल बा। इहे कारण बा कि गूगल सहित कइयन गो हाईटेक कंपनी चीन पs आपन निर्भरता कम कइल चाहत बाड़ी सs। कहल जा रहल बा कि गूगल आपन 10 से 20 फीसदी वार्षिक उत्पादन भारत में करावे पs विचार कर रहल बा। जेमे फ्लैगशिप Google Pixel स्मार्टफोन के मैन्युफैक्चरिंगो शामिल बा। गूगल एकरा खातिर प्रक्रियो शुरू कs देले बा।

टाटा ग्रुप बना सकत बा भारत में आईफोन

बता दीं कि हाले में एपल अपना नया iPhone 14 सीरीज के लॉन्च कइले बा। एह सीरीज के तहत चार नया आईफोन iPhone 14, iPhone 14 Plus, iPhone 14 Pro आ iPhone 14 Pro Max लॉन्च कइल गइल बा। एपल बेस मॉडल के साथ iPhone 14 Pro सीरीज फोन के मैन्युफैक्चरिंगो भारत में करे खातिर काम कर रहल बा। जेमे टाटा ग्रूप आ विस्ट्रॉन के साझेदारी अहम डेग साबित हो सकत बा।

329310cookie-checkचीन के बड़ झटका: आईफोन के बाद अब Google Pixel फोन के भारत में बनावे के योजना, जानीं का बा कारण

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.