Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Private Space: गूगल में आ रहल बा एगो नया फीचर, दोस्तन से छिपा सकेंनी फोन के एप्स

रिपोर्ट के मुताबिक फिलहाल ए फीचर के परीक्षण कईल जाता। हो सकता कि एकरा के एंड्रॉयड 14 क्यूपीआर2 के अपडेट के संगे जारी कईल जा सकता। इ नाया फीचर बीटा वर्जन के प्राइवेसी अवरू सिक्योरिटी सेटिंग में देखल गईल बा।

647

 

अब गूगल एगो प्राइवेट स्पेस फीचर पs काम कs रहल बा। ए फीचर के शुरूआत के बाद एंड्रॉयड यूजर आपन फोन के ऐप के अपनी फोन में छिपा सकेले। सैमसंग के फोन में ए प्रकार के फीचर पहिलही से उपलब्ध बा जवन कि सिक्योर फोल्डर के नाम से आवेला।

रिपोर्ट के मुताबिक फिलहाल ए फीचर के परीक्षण कईल जाता। हो सकता कि एकरा के Android 14 QPR2 के अपडेट के संगे जारी कईल जा सकता। इ नाया फीचर बीटा वर्जन के प्राइवेसी अवरू सिक्योरिटी सेटिंग में देखल गईल बा।

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि ए फीचर के शुरूआत के बाद यूजर पिन चाहे बायोमेट्रिक के माध्यम से फोन के निजी जगह पs अपना कवनो ऐप के लॉक कs सकतारे। इहाँ ध्यान देवे वाला बात इ बा कि जदी आप कवनो ऐप के प्राइवेट स्पेस फोल्डर में लॉक कs देनी तs ओ ऐप के नोटिफिकेशन भी लॉक हो जाई।

ए फीचर के अईला के बाद आप आपन फोन केहु अवुरी के सौंप सकतानी। लॉक कईला के बाद आपके ऐप केहु ना देख पाई। बतावल जाता कि इ नाया फीचर एंड्रॉयड 15 के संगे सभके खातीर जारी कईल जा सकता।

 

 

 

689900cookie-checkPrivate Space: गूगल में आ रहल बा एगो नया फीचर, दोस्तन से छिपा सकेंनी फोन के एप्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.