Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Google Chrome: सरकार एह यूजर्स खातिर जारी कइलस अलर्ट, खुद के सेफ करे खातिर फटाफट करीं ई काम

427

देस में करोड़न लोग गूगल क्रोम के इस्तेमाल करेला। जदि रउओ गूगल क्रोम ब्राउजर के यूज करत बानी तs सरकार के बड़ चेतावनी राउर नींद उड़ा सकत बा। सरकार के कंप्यूटर इमरजेंसी रिस्पॉन्स टीम माने सीईआरटी- गूगल क्रोम के कुछ वर्जन में कुछ कमजोरी पवले बा। सरकार एकरा के लेके एगो उच्च गंभीरता वाला चेतावनी जारी कइले बिया।

गूगल क्रोम में पावल गइल बा कइयन गो खामी 

रिपोर्ट्स के अनुसार, गूगल क्रोम के एह खामियन के इस्तेमाल कs के हैकर्स अपना तरीका से मनमाना कोड जेनरेट कs सकत बा। डिनायल ऑफ सर्विस (डीओएस) के ट्रिगर करे आ संवेदनशील जानकारी हासिल कइला के संगही सिस्टम के प्रतिबंधन से आगे जात ओकनी के तुड़ सकत बा।
विज्ञापन

एह वर्जनन पs बा बड़ खतरा

रिपोर्ट्स में आगे बतावल गइल कि हैकर्स गूगल क्रोम के एह कमजोरी के फायदा उठाके डेटा तक आपन पहुंच बना सकत बा। संगही संवेदनशील डेटा में लॉगइन कs के वित्तीय जानकारी चुरा सकत बा। रिपोर्ट्स में कहल गइल बा कि विंडोज आ मैक खातिर 124.0.6357.78/.79 से पहिले के गूगल क्रोम वर्जन आ लाइनेक्स के 124.0.6367.78 से पहिले के क्रोम वर्जन पs एकर प्रभाव देखल जा सकत बा।

खुद को सेफ रखे खातिर करीं ई काम

सीईआरटी-इन गूगल क्रोम यूजर्स के फटाफट गूगल क्रोम अपडेट करे के सलाह दिहल बा। हैकर्स के कवनो खतरा से बचे खातिर अपना क्रोम ब्राउजर के अपडेट रखीं। यूजर्स खुद क्रोम के अपडेट कs सकत बा।

  • सबसे पहिले गूगल क्रोम के खोलीं।
  • ऊपर के ओर दाया तरफ दिहल गइल तीन डॉट पs क्लिक करीं।
  • मेन्यू से हेल्प चुनीं।
  • अब सबमेन्यू से अबाउट गूगल क्रोम चुनीं।
  • एकरा बाद गूगल क्रोम ऑटोमेटिकली अपडेट चेक करी, जदि कवनो अपडेट होई तs अपडेट सुरू हो जाई।
  • अपडेट पूरा होखला के बाद गूगल क्रोम के नया वर्जन के रिलॉन्च करीं।
  • जदि रउआ स्मार्टफोन में गूगल क्रोम के इस्तेमाल कs रहल बा तs गूगल प्ले स्टोर पs जाकर एकरा अपडेट कs सकत बा।
814790cookie-checkGoogle Chrome: सरकार एह यूजर्स खातिर जारी कइलस अलर्ट, खुद के सेफ करे खातिर फटाफट करीं ई काम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.