Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लैपटॉप में चलावेनी WhatsApp? आजे बदल दीं ई Setting, ना तs उठाएम भारी नुकसान

Google Chrome Extension : गूगल क्रोम एक्सटेंशन राउर वॉट्सऐप में एगो एक्स्ट्रा लेयर सिक्योरिटी जोड़ देला, जवना से ई ऐप इस्तेमाल खातिर बहुते फायदेमंद हो सकत बा। 

1,052

टेक डेस्क (खबर भोजपुरी): जदि रउआ लैपटॉप पs WhatsApp चलावेनी, तs अक्सर ऑफिस में केहूओ राउर पर्सनल मैसेज में ताका झांकी कs सकत बा। जदि रउआ नइखी चाहत कि केहू राउर पर्सनल मैसेज में ताका झांकी करे, तs रउआ तुरंत WhatsApp के सेटिंग में बदलाव करे के होई। भा ई कहीं कि रउआ Google chrome ब्राउजर में एक्सटेंशन इंस्टॉल करे के होई। एकरा बाद जब रउआ लैपटॉप भा फेर डेस्कटॉप पs आपन WhatsApp अकाउंट खोलेम, तs सब मैसेज ब्लर हो जाई, जवना से केहू दोसर राउर whatsapp के एक्सेस ना कs पाई। ओहिजा जब रउआ कवनो मैसेज पs कर्सर ले जाएम, तs रउआ मैसेज लउके लागी। आईं जानल जाव एकरा बारे में विस्तार से…

केहू ना कs पाई WhatsApp मैसेज में ताका झांकी

रउआ नइखी चाहत कि केहू दोसर राउर WhatsApp अकाउंट में ताक झांक कs पावे, तs सबसे पहिले रउआ गूगल क्रोम पs Privacy Extension For WhatsApp Web एक्सटेंशन के सर्च करे के होई। एकरा बाद Add to chrome ऑप्शन लउकी। फेर एगो पॉपअप मैसेज ओपन होई। एकरा बाद Add extension पs क्लिक करे के होई। एकरा बाद turn to syn पs क्लिक करे के होई। एह तरे रउआ एक्सटेंशन के क्रोम में ऐड कs पाएम। ओहिजा, जदि रउआ चाहेम, तs एकरा के आपन सुविधा के मोताबिक हटा सकत बानी। एकरा खातिर सिंपल पुरान प्रॉसेस के फॉलो करे के होई।

संभार के करीं गूगल क्रोम एक्सटेंशन के इस्तेमाल

WhatsApp के क्रोम एक्सटेंशन यूजर्स के अपना प्राइवेसी के मद्देनजर इस्तेमाल कइल जा सकत बा। ई एगो सुविधाजनक टूल होला। जवना से यूजर्स के बहुते आसानी हो जाला। हालांकि, गूगल क्रोम एक्सटेंशन के इस्तेमाल यूजर्स के अपना रिस्क पs करे के चाही, काहेकि गूगल क्रोम एक्सटेंशन के वजह से साइबर हमला एगो वजह हो सकत बा।

461430cookie-checkलैपटॉप में चलावेनी WhatsApp? आजे बदल दीं ई Setting, ना तs उठाएम भारी नुकसान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.