[the_ad_group id="30365"]

छपरा: चिरांद के थीमेटिक पार्क से लाखन रुपिया के सामान चोरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पुरातात्विक स्थल चिरांद के थीमेटिक पार्क भवन से चोर लाखन रुपिया के सामान चोरा लिहले। मेमोरियल गार्ड अनिल कुमार श्रीवास्तव के ओर से डोरीगंज थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। प्राथमिकी में बतावल गइल बा कि पुरातात्विक स्थल पs थीमेटिक पार्क भवन बनावल गइल बा। एह भवन के ताला तूर के इन्वर्टर, कूलर, बर्तन, पंखा वगैरह चोर चोरी कs लेले बाड़े सs।

धेयान देवे वाला बात बा कि तत्कालीन कला संस्कृति मंत्री सुखदा पांडेय के कार्यकाल में एह स्थल पs थीमेटिक पार्क के निर्माण करोड़न रुपिया के लागत से भइल रहे। भवन बनल रहे बाकिर आज ले एहमें थीम लागू नइखे भइल जवना का चलते ई भवन अक्सर बंद हो जाला।

हाल के कुछ दिनन में एह स्थल के खुदाई के बेरा ठहरे खातिर विभाग से डेक्कन कॉलेज के विद्वान लोग द्वारा कूलर, पंखा, बेल्ट, इन्वर्टर, बर्तन आदि भेजल गइल रहे, उहे चोरी हो चुकल बा। स्थानीय लोग के कहनाम बा कि सांझ होखते इहां जवन कुछ ना होखे के चाही उहो सब हो जाला। एह ममिला में डोरीगंज थाना अध्यक्ष विकास कुमार बतवले कि पुलिस मामला के जांच करतिया आ जल्दीदि एह चोरी के खुलासा हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]