[the_ad_group id="30365"]

शिवभक्तन खातिर खुशखबरी: काशी महाकाल एक्सप्रेस में आम यात्री कऽ सकिहें सफर, जोड़ल जाई जनरल कोच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रयागराज में महाकाल नगरी जाए वाली काशी महाकाल एक्सप्रेस में अब जनरल श्रेणीयो के कोच जोड़ल जा रहल बा। पहिला बेर ट्रेन में चार गो जनरल कोच लगावल जा रहल बा। काशी महाकाल एक्सप्रेस हर रविवार के वाराणसी से चल के प्रयागराज, कानपुर झांसी होत उज्जैन होके इंदौर तक जाले है।

काशी महाकाल एक्सप्रेस का संचालन पहिले आईआरसीटीसी द्वारा कइल जात रहे, बाकिर बाद में ई ट्रेन आईआरसीटीसी जोनल रेलवे के दे देलस। एह ट्रेन में जनरल कोच ना होखे के वजह से आम यात्रियन के काफी दिक्कत होत रहे। एमें खाली स्लीपर, थर्ड एसी आ एसी 2 कोच में आरक्षण कऽ के सफर कइल जा सकत रहे।

ट्रेनों में जनरल कोच बढ़ावे के बात कहल गइल रहे। अब एकर शुरुआत काशी महाकाल एक्सप्रेस से होखे जा रहल बा। बता दीं काशी महाकाल एक्सप्रेस सप्ताह में दु दिन हर मंगर आ बियफे के वाराणसी से लखनऊ होके इंदौर जाला। जबकि एतवार के ई ट्रेन प्रयागराज के रास्ता इंदौर खातिर प्रस्थान करेले।

फिलहाल, मंगर के वाराणसी से लखनऊ होके ट्रेन के रवानगी होखे के बा तऽ ओमें चार जनरल श्रेणी के कोच पहिला बेर लगावल जाई। एतवार 30 जून के इहे ट्रेन प्रयागराज के रास्ता जाई तऽ ओमें चार जनरल कोच यात्रियन के उपलब्ध होई।

वाराणसी से प्रयागराज होके जाए वाली काशी महाकाल के नंबर 20415 बा जबकि लखनऊ होके जाए वाली ट्रेन के नंबर 20413 बा। अबहीं एमें कुल 16 कोच रेलवे के ओर से लगावल जात रहे। बाकिर अब एमें कुल कोच के संख्या 20 हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]