[the_ad_group id="30365"]

भारत खातिर बढ़िया खबर! रोहिंग्या पऽ बांग्लादेश उठवलस बड़ कदम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बांग्लादेश में आईओएम के प्रमुख अब्दुसतोर एसोव बतवले कि 12 साल के अंतराल के बाद 2022 में रोहिंग्या के तीसरा देश में बसे के काम फेर से शुरू हो गइल रहे, बाकिर एह साल एकरा में तेजी आइल बा। एसोव कहले कि वाशिंगटन हजारन रोहिंग्या के अमेरिका में बसावे के प्रतिबद्धता के दोबारा दोहरवले बा बाकिर अबही तक ए प्रक्रिया में तेजी नइखे आइल।

बांग्लादेश के अंतरिम सरकार के प्रमुख मुहम्मद यूनुस एतवार के दिने दक्षिण एशिया में रहे वाला रोहिंग्या मुसलमानन के तेजी से पुनर्वास करे के एलान कइलन। मुहम्मद यूनुस कहले कि म्यांमार आ ओकरा सीमा से सटल राज्य में लगातार बढ़त हिंसा से बचाव खातिर इ फैसला लिहल गइल बा।

म्यांमार के सत्ताधारी सेना आ देश के बौद्ध बहुमत से बनल एगो ताकतवर जातीय मिलिशिया अराकान सेना के बीच लड़ाई तेज होखला के चलते करीब आठ हजार रोहिंग्या मुसलमान सीमा पार से बांग्लादेश में भाग गइल बाड़े।

ई लोग बांग्लादेश के कॉक्स बाजार जिला में पहिलहीं से भीड़भाड़ वाला शिविरन में रहे वाला दस लाख से अधिका रोहिंग्या शरणार्थियन के साथे जुड़ जाला जवना में से अधिकतर लोग साल 2017 में म्यांमार में सैन्य नेतृत्व में भइल दमन से भाग गइल रहले।

रोहिंग्या शरणार्थियन के वापसी

बांग्लादेश के विदेश मंत्री मोहम्मद तौहीद हुसैन कहले कि बांग्लादेश अब कवनो रोहिंग्या शरणार्थी के स्वीकार नइखे कऽ सकत। बाकिर हुसैन भारत आ दोसरा देशन में रहे वाला लोग के वापस लेबे के बात कइलन। संगही, उ अंतरराष्ट्रीय समुदाय से निहोरा कइले कि राखीन राज्य में रोहिंग्या पs हमला रोके खातिर अराकान सेना पs आ दबाव बनावे।

रोहिंग्या शरणार्थियन के पुनर्वास प्रक्रिया

रोहिंग्या शरणार्थियन के अपना माटी लवटे के उमेद बहुते कम बा जहाँ ओह लोग के नागरिकता आ दोसरा बुनियादी अधिकारन से बहुते हद ले वंचित राखल जाला। बांग्लादेश के अंतरिम सरकार पुनर्वास के प्रयास में तेजी ले आवे खातिर अंतर्राष्ट्रीय प्रवास संगठन (आईओएम) के साथे बइठक कइलस। एह बइठक के बाद यूनुस कहले कि पुनर्वास प्रक्रिया आसान, नियमित आ सुचारू होखे के चाहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]