[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के सरकारी शिक्षकन खातिर खुशखबरी, अब नाहीं होई ट्रांसफर, ऑर्डर लिहल गइल वापस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली के सरकारी स्कूलन के शिक्षकन खातिर एगो खुशखबरी बा. अब दिल्ली सरकारी स्कूलन के शिक्षकन के तबादला ना होखी. 2 जुलाई के 5000 से अधिका शिक्षक के तबादला के आदेश वापस ले लिहल गईल बा।

बता दीं कि पछिला कई दिन से दिल्ली के सरकारी शिक्षक के तबादला के लेके राजनीति चलत रहे। दिल्ली सरकार आरोप लगवले रहे कि अतना बड़ पैमाना पs शिक्षक के बिना ओकर मंजूरी के तबादला कईल जाता।

दरअसल, शिक्षा निदेशालय 11 जून के एगो परिपत्र जारी कईले रहे, जवना के शीर्षक रहे “शिक्षा निदेशालय के शिक्षक कर्मचारी के स्थानांतरण के ऑनलाइन अनुरोध”, जवना में धारा 16 के तहत निर्देश दिहल गईल रहे कि एकही स्कूल में दस से जादा समय ले सेवा देवे वाला लोग के साल सभ शिक्षक के स्थानांतरण खातिर अनिवार्य रूप से आवेदन करे के होई। अगर अइसन ना करीहें तs शिक्षा निदेशालय ओह लोग के कवनो दोसरा स्कूल में तबादला कs दी.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]