[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ-गोंडा हाईवे पs सिलेंडर से लदल ट्रक में विस्फोट, मिसाइल अस फाटल 359 सिलेंडर, धमाका से थर्रा उठा इलाका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ से गैस सिलेंडर लेके आ रहल ट्रक गोंडा- लखनऊ राजमार्ग जरवल भुलियापुर के लगे अचानके अनियंत्रित होके पलट गइल। आग लगला के बाद सिलेंडर विस्फोट से अफरा तफरी मच गइल।

गोंडा लखनऊ राजमार्ग पs जरवल भुलियापुर के लगे सुक के सबेरे लखनऊ से गैस सिलेंडर लेके आ रहल ट्रक घना कोहरा के कारण अचानके अनियंत्रित होके पलट गइल। ट्रक के पलटतही आग लाग गइल। सिलेंडर के भीषण धमाका से समूचा क्षेत्र में अफरा-तफरी मच गइल। आग के लपट बहुते ऊंचाई तक उठे लागल। सिलेंडर एक-एक कs के दगते रहल। लगभग आधा किलोमीटर ले गैस सिलेंडर उछलके दूर गिरते रहे। जवना से लोगन में दहशत के माहौल देखल गइल।

साभार :

ट्रक आ सब गैस सिलेंडर पूरा तरे कबाड़ आ राख में तब्दील हो गइल। सूचना पाके जरवल रोड थाना के प्रभारी निरीक्षक विनोद कुमार राव पुलिस बल के संगे पहुंचलें। जबकि दूसराका ओर से करनैलगंज कोतवाली के पुलिस पहुंचल। दूनो ओर से आवागमन पूरा तरे से रोक दिहल गइल बा। प्रभारी निरीक्षक बतवलें कि चालक मवका से फरार हो गइल। गैस सिलेंडर लदल ट्रक में आग लगला से गोंडा लखनऊ मार्ग पs लमहर जाम लाग गइल बा। वाहनन के कतार लगला से पूरा तरे आवागमन बंद हो गइल बा।

ढाई किलोमीटर पहिले रोकल गइल लोग

प्रभारी निरीक्षक विनोद कुमार राव बतवलें कि घटना स्थल से एक किलोमीटर पहिलही लोग रुक गइल। बाकिर वाहनन के ढाई किलोमीटर पहिलही रोक दिहल गइल बा। दमकल कर्मी मवका पs पहुंचल बा लो, बाकिर नजदीक केहू ना जा सकल : पत्रिका

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]