Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चलत ट्रेन से चोरी हो गइल एक करोड़ के सोना, व्यापारी के थ्योरी पुलिस के ही उलझवलस

260

बिहार में चलत ट्रेन से जयपुर के एगो व्यापारी के एक करोड़ के सोना अउर दू लाख रुपया कैश गायब हो गइल। मामिला आरा से पटना स्टेशन से बीच के बा। व्यापारी के कहनाम बा कि ऊ कामाख्या एक्सप्रेस से सफर कs रहल बानीं, एही दौरान उनके पास बैग में मौजूद जेवर अउर कैश चोरी हो गइल। हालांकि, पुलिस अब ले एह मामिला के संदेहास्पद मान रहल बीया।

राजस्थान के नागौर के रहे वाले व्यवसायी मनोज कुमार जैन के कहनाम बा कि उनके लग्गे दू बैग रहल। एक बैग में करीब 2 किलो सोना रहल, जेकर कीमत एक करोड़ रुपया रहल। उहवें, दूसरे बैग में 2 लाख रुपया कैश रहल। एह मामिला में मनोज जैन पटना जंक्शन स्थित जीआरपीएफ थाने में मामिला दर्ज करववलें।

मूड़ी के नीचे रखले रहनें बैग

व्यापारी बतवलें, उनके लग्गे जौन जेवर रहल, ऊ उनकर खानदानी संपत्ति रहल। एह जेवरन के ऊ अपने रिश्तेदारन के बीच बांटे खातिर ले जात रहलें। ऊ दूनों बैग के अपने सिर के नीचे रखल रहे। आरा ले दूनों बैग लगही रहल, लेकिन बाद में उनके लग्गे से दूनों बैग चोरी हो गइल।

बेर-बेर बयान बदल रहल बाने व्यवसायी

उहवें, एह मामिला में पुलिस के कहनाम बा कि व्यापारी बेर-बेर आपन बयान बदल रहल बानें। एहलिए ई मामला संदेहास्पद लग रहल बा अउर पुलिस के शुरुआती जांच में भी अभिन ले चोरी के प्रमाण नाइ मिलल बा। अधिकारियन के कहनाम बा कि ऊ आसपास के सीसीटीवी खंगार रहल बानें। ओमें कौनो संदेहास्पद व्यक्ति बैग ले जात नाइ दिखल।

377090cookie-checkचलत ट्रेन से चोरी हो गइल एक करोड़ के सोना, व्यापारी के थ्योरी पुलिस के ही उलझवलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.