[the_ad_group id="30365"]

Gold Price Today: ताबड़तोड़ महंगा हो रहल बा सोना, तीन दिन में एतना बढ़ गइल दाम; जानीं कहां बा सबसे कम रेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gold Price Today: उम्मीद से बेहतर भारतीय आ अमेरिकी सीपीआई डेटा के देखत आज सोना के कीमतन में ताबड़तोड़ तेजी देखी गइल। अमेरिका में बैंक संकट के कारण मुद्रास्फीति में कमी आइल, जवना से आज सबेरे के सौदन में सोना के कीमतन में बढ़न्ती देखी गई। मल्टी कमोडिटी एक्सचेंज (MCX) पs जून 2023 खातिर सोना के वायदा अनुबंध 123 प्रति 10 ग्राम बढ़ल आ सबेरे के सत्र में 60,751 के स्तर पs पहुंच गइल। दुपहर तक सोना के रेट आउर मजबूत हो गइल।

खबर लिखल जाये तक सोना 287 रुपिया के तेजी के संगे 60,915 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गइल रहे। मल्टी कमोडिटी एक्सचेंज में, सोना के जून अनुबंध 18,394 लॉट के कारोबार में 287 रुपये भा 0.47 प्रतिशत बढ़के 60,915 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गइल।

सोना आ चांदी, दुनो तेज

मजबूत वैश्विक रुख के अनुरूप वायदा कारोबार में सोना के कीमतन में मजबूती आइल। वैश्विक स्तर पs न्यूयॉर्क में सोना 0.73 प्रतिशत के तेजी के संगे 2,039.60 डॉलर प्रति औंस पs चलत रहे। चांदी वायदा 444 रुपिया उछलके 76,357 रुपिया प्रति किलोग्राम हो गइल।

मल्टी कमोडिटी एक्सचेंज में चांदी के मई डिलीवरी वाला अनुबंध के भाव 444 रुपिया भा 0.58 प्रतिशत के तेजी के संगे 76,357 रुपिया प्रति किलोग्राम हो गइल, जेमे 14,396 लॉट खातिर कारोबार भइल। विश्लेषक लोग कहल कि चांदी के कीमतन में तेजी के मुख्य कारण बाजार में सकारात्मक रुख के बीच कारोबारियन के ताजा लिवाली बा। वैश्विक स्तर पs न्यूयॉर्क में चांदी के कीमत 1.09 प्रतिशत के तेजी के संगे 25.74 डॉलर प्रति औंस हो गइल।

काहे बढ़ रहल बा सोना के भाव

कमोडिटी मार्केट के जानकारन के मोताबिक, अमेरिका में बैंकिंग संकट के बाद उम्मीद से बेहतर अमेरिकी सीपीआई डेटा आ यूएस फेड द्वारा मंदी के सुरुआत के बाद सोना आ चांदी दुनो के कीमतन में आज बढ़न्ती हो रहल बा । अमेरिकी डॉलर के दर दबाव में बा आ ई 100 के स्तर पs रखल अपना समर्थन के पार कइला के बाद 98 के स्तर तक नीचे जा सकत बा।

विशेषज्ञन के कहनाम बा कि एह तरे के सब फंडामेंटल सोना आ चांदी के कीमतन के आउर मजबूत करे वाला बा। बुलियन में कवनो गिरावट के सोना के निवेशकन द्वारा खरीदारी के अवसर के रूप में लिहल जाये के चाहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]