[the_ad_group id="30365"]

GOAT Day 5: सोमार के थलपति विजय 300 करोड़ क्‍लब में मरले एंट्री

Goat movie vijay
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

निर्देशक वेंकट प्रभु के फिल्म ‘द ग्रेटेस्ट ऑफ ऑल टाइम’ पांच दिन में दुनिया भर के 300 करोड़ रुपिया के क्लब में प्रवेश कर लिहले बिया। बाकिर एकरा संगे-संगे सोमवार के फिल्म के बड़ झटका लागल। जइसे-जइसे वीकेंड खतम होत गइल, थलपथि विजय के फिलिम के कमाई में भारी गिरावट आइल।

थलपति विजय की ‘द ग्रेटेस्‍ट ऑफ ऑफ टाइम’ जहां आपन पहिला वीकेंड में रेकॉर्डतोड़ कमाई कइलस, उहे पहिले सोमार के इ वर्ल्‍डवाइड 300 करोड़ क्‍लब में एंट्री कर चुकल बिया। बाकिर एकरा साथे जवना के डर रहे उहे भइल! 5वां दिन इ फिल्‍म धड़ाम से नीचे गिर गइल बिया। विजय के सुपरस्‍टारडम के बदौलत GOAT भयंकर एडवांस बुकिंग आ बंपर ओपनिंग लेले रहे। बाकिर वीकेंड खत्‍म होखते 5वां दिन सोमार के फिल्‍म के कमाई में करीब -60% के ग‍िरावट आइल बा।

वेंकट प्रभु के निर्देशन में बनल गोट अपना पहिला वीकेंड में देश में 137 करोड़ रुपिया के प्रभावशाली नेट कलेक्शन कइलस। एतवार के दिने एह एक्शन-ड्रामा से तमिल, तेलुगु आ हिंदी मिला के 34 करोड़ रुपिया के कमाई भइल रहे। बाकिर अब सोमार के दिने उऽ महज 14 करोड़ रुपिया के कारोबार कइले बिया। इ ना खाली पांच दिन में फिल्म के सबसे कम कमाई बा, बलुक इ फिल्म के शुरुआती दिन 44 करोड़ रुपया के कारोबार के मुक़ाबले -68% के गिरावटो बा, जवना से निर्माता के चिंता बढ़े वाला बा।

‘द ग्रेटेस्ट ऑफ ऑल टाइम’ बॉक्स ऑफिस के दिन 5

sacnilk के रिपोर्ट के मुताबिक पांच दिन में ‘द ग्रेटेस्ट ऑफ ऑल टाइम’ देश के तीनों भाषा में 151.00 करोड़ रुपया के शुद्ध संग्रह कऽ चुकल बा। सोमार के दिने अलग अलग शो खातिर सिनेमाघरन में दर्शकन के औसत संख्या महज 40% रहल। बाकिर फिल्म के असली चिंता एकर 400 करोड़ रुपया के भारी बजट बा। हालांकि अगर गोट रोज 10+ करोड़ रुपया कमात रही तऽ ओकरा खातिर हिट बनल कवनो बड़ बात नइखे। बाकिर कमाई गिर गइल तऽ हालात उल्टा हो सकऽता।

GOAT मूवी वर्ल्‍डवाइड कलेक्‍शन डे 5

सोमार के दिने GOAT खातिर एकमात्र बड़हन उपलब्धि दुनिया भर के संग्रह से मिलल। पांच दिन में ई ग्लोबल बॉक्स ऑफिस पर 300 करोड़ रुपिया के क्लब में प्रवेश कर लिहले बा। ई निश्चित रूप से एगो बड़हन उपलब्धि बा। बाकिर एहिजो थलपति विजय के बम्पर हिट बने खातिर बहुते दूर ले जाए के पड़ी। पांच दिन में एह फिलिम के दुनिया भर में करीब 310 करोड़ रुपिया के कमाई भइल बा।

गोट के हिंदी में महज 9 करोड़ कमाई भइल बा

गोट के एगो बड़ समस्या इहो बा कि ओकर मूल भाषा तमिल के छोड़ के हिंदी आ तेलुगु में लगभग कमा रहल बा। खास कर के हिंदी में एकर कमजोर होखे से बहुते नुकसान होखे वाला बा। बॉक्स ऑफिस के इतिहास बतावेला कि कवनो दक्षिण भारतीय फिल्म के ऑल टाइम ब्लॉकबस्टर बनावे में हिंदी के कमाई के सबसे बड़ भूमिका रहल बा। ‘बाहुबली’ होखे, ‘बाहुबली 2’ होखे, केजीएफ 2 होखे भा आरआरआर, ए सभ में हिंदी के कमाई कवनो भाषा से जादे रहल बा। बाकिर गोट के हालत इ बा कि उ पांच दिन में हिंदी से मात्र 9.20 करोड़ रुपया के कारोबार कइले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]