[the_ad_group id="30365"]

रास्ता भटक गइल वंदे भारत ट्रेन! जाए के रहे गोवा निकल गइल कल्याण

वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनल (सीएसएमटी)-मडगांव वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन अपना निर्धारित मार्ग से हट गईल असल में इs ट्रेन मड़गांव जात रहे, बाकिर महाराष्ट्र के ठाणे जिला के दिवा स्टेशन पs तकनीकी खराबी के चलते इs ट्रेन दोसरा रूट पs चल गईल। डायवर्सन के चलते गोवा के सफर में 90 मिनट के देरी हो गईल। अधिकारी बतवले कि कोंकण जाए वाली ट्रेन के इस्तेमाल होखेवाला दिवा-पनवेल रेलवे मार्ग पs पनवेल स्टेशन के ओर जाए के बजाय एक्सप्रेस ट्रेन सबेरे 6.10 बजे कल्याण के ओर मुड़ गईल। एs घटना के चलते केंद्रीय रेलवे पs मुंबई के स्थानीय ट्रेन सेवा में देरी भईल। 

वंदे भारत ट्रेन दूसर रूट पs चल गईल

केंद्रीय रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी स्वप्नील नीला दिवा जंक्शन पs डाउन फास्ट लाइन आ पांचवीं लाइन के बीच बिन्दु नम्बर 103 पर सिग्नलिंग आ दूरसंचार प्रणाली में गड़बड़ी के चलते घटना घटल बतवले। दिवा जंक्शन से कोंकण के ओर जाए वाली ट्रेन नियमित रूट से पनवेल स्टेशन पs जाले। अधिकारी बतवले कि ट्रेन अपना निर्धारित रूट से हट गईल, जवना के बाद उs कल्याण स्टेशन पs पहुंच गईल।  एकरा बाद दिवा जंक्शन पs वापस आ गइल आ ओकरा बाद ट्रेन दिवा-पनवेल रूट पs मार्ग के आगे के सफर फेर से शुरू कइलस  स्वप्नील नीला बतवले कि दिवा जंक्शन पs सुबह 6.10 से 7.45 बजे ले करीब 35 मिनट ले ट्रेन के रोकल गईल, जवना के बाद ट्रेन कल्याण के ओर रवाना हो गईल। 


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]