[the_ad_group id="30365"]

जीमेल के मोबाइल ऐप में अनुवाद के सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जीमेल ऐप खातीर एगो नाया फीचर आईल बा। अब रउआ एंड्रॉयड अवरू आईओएस दुनो डिवाइस पs जवन जीमेल ऐप के इस्तेमाल करतानी, ओकरा पs ईमेल के अनुवाद क सकतानी। अनुवाद के सुविधा जीमले के डेस्कटॉप वर्जन पs पहिलहीं से उपलब्ध रहे। अब कंपनी एकरा के ऐप खातीर भी ले आईल बिया। गूगल आपन ब्लॉग पोस्ट के माध्यम से बतवले बा कि, जीमेल ऐप खातिर इ फीचर रोल आउट कईल जाता। कंपनी के कहनाम बा कि एकरा से उपयोगकर्ता के अलग-अलग भाषा में अनुवाद करे के मउका मिली।

मंगल के दिने वर्कस्पेस अपडेट्स ब्लॉगपोस्ट में टेक दिग्गज कंपनी कहलस कि आजु से हमनी के जीमेल मोबाइल ऐप के भीतर नेटिव ट्रांसलेशन इंटीग्रेशन के एलान करत खुशी हो रहल बा। एहसे रउरा अलग अलग भाषा में बिना कवनो मेहनत के संवाद कs सकीलें।

उ कहले कि ए सुविधा खातीर बहुत लोगन अनुरोध मिलत रहे। एहसे उपयोगकर्ता के कवनो भाषा में बातचीत पढ़े आ समझे में मदद मिली। मोबाइल पs संदेश के अनुवाद करे खातिर यूजर के बस बैनर पs ट्रांसलेट विकल्प चुने के पड़ी आ आपन पसंदीदा भाषा चुने के पड़ी।

गूगल कहलस कि, इ बैनर तब आवेला जब कवनो संदेश के कंटेंट भाषा आपके खाता के सेटिंग में गूगलडॉटकॉम मेल डिस्प्ले भाषा से अलग होला।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]