[the_ad_group id="30365"]

GIS 2023 : निवेशक लोग के साधे आजु मुंबई पहुचिहें सीएम योगी, उद्योग समूहन के प्रतिनिधि लोग से करिहें भेंट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ग्लोबल इन्वेटर्स समिट (जीआईएस-23) के ले के 16 देश में भइल रोड शो के सफलता के बाद घरेलू रोड शो के कमान मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ खुद सम्हरिहें। 5 जनवरी से 27 जनवरी ले देश के नौ बड़ शहर में होखे जा रहल एह रोड शो के शुरुआत मुंबई से होई।

सीएम योगी उहां दू दिन 4 अउर 5 जनवरी के आयोजित होखे वाले विभिन्न कार्यक्रम में हिस्सा लीहें। एह दौरान ऊ उत्तर प्रदेश के विकासशील तस्वीर रखिहें अउर देश के बड़ उद्योग समूहन के प्रतिनिधि लोग से मुलाकात कs के उनके यूपी में निवेश के न्योता दीहें।

सीएम योगी चार जनवरी के दूपहर में राजधानी लखनऊ से मुंबई खातिर उड़ान भरिहें, जहवाँ पहुंचले के बाद ऊ साँझ के महाराष्ट्र में रह रहल उत्तर प्रदेश के प्रवासियन से मुलाकात करिहें। सीएम योगी के फिल्म जगत के कलाकार अउर निर्माता लोग से भी मुलाकात होई। उनसे उत्तर प्रदेश में बन रहल फिल्म सिटी के संभावना के ले के चर्चा करिहें।

एकरे अलावा सीएम योगी उनके ग्लोबल इन्वेटर्स समिट के बारे में जानकारी दीहें। उनके इहो बतइहें कि कौने तरे से यूपी देश में वैश्विक निवेश के एगो बेहतर गंतव्य बन के उभरल बा अउर दुनिया भर के निवेशक यूपी में निवेश के इच्छुक बानें।

5 जनवरी के सीएम योगी के दौरा के शुरुआत बिहाने के समय बैंकर्स अउर फिनटेक क्षेत्र से जुड़ल लोग से संवाद से होई। एकरे बाद ऊ मुंबई रोड शो में भाग लिहें। इहां टाटा समूह, रिलायंस इंडस्ट्रीज, महिंद्रा, गोदरेज, आदित्य बिरला समूह, पिरामल इंटरप्राइजेज, पार्ले एग्रो, जेएसडब्ल्यू ग्रुप और स्टार एंड डिजनी समूह के प्रतिनिधियन से भेंट करिहें।

जबकि दूसरका दौरा में हिंदुजा ग्रुप, हिंदुस्तान यूनी लिवर, अदाणी ग्रुप, हीरानंदानी ग्रुप, टोरेंट पॉवर, वॉकहार्ड, इंडियन मर्चेंट्स चैम्बर्स, रुवा एडवाईजर्स, केकेआर इंडिया, हिंदुजा ग्रुप, एवर स्टोन ग्रुप, हीरो साइकिल, आरपीजी इंटरप्राइज, एल एंड टी, रैमकी ग्रुप ऑफ कंपनी आदि बड़े औद्योगिक समूह अउर कंपनियन से वार्ता करिहें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]