[the_ad_group id="30365"]

देवरिया के ग्रामीण क्षेत्रन के विद्यालयन में बेटियन के दबदबा, बोर्ड परीक्षा परिणाम में सफलता पs हर्ष

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भागलपुर (देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। उत्तर प्रदेश बोर्ड के 10वीं आ 12वीं के परीक्षा परिणाम में ग्रामीण क्षेत्रन में बेटियन के जलवा देखे के मिलल बा। एह उपलब्धि पs समूचा क्षेत्र के लोग बेटियन के बधाई दे रहल बा।

क्षेत्र में स्थित श्री अनंत इंटरमीडिएट कालेज सत्तरांव में 10वीं में शिल्पी कुशवाहा 93%, प्रतिक्षा यादव 90%, प्रिंसी तिवारी 89.6%, इंटरमीडिएट में आचल यादव( 80%) ,अभिनाश सिंह 79%, अंजली यादव 80% अंक प्राप्त  कs के आपन परचम लहरवले बा लो।

श्री जवाहर लाल नेहरू रघुनंदन इंटरमीडिएट कालेज कसीली में 10वीं में अर्पिता सिंह में (89.33%), आदर्श गांधी शिक्षण संस्थान इंटरमीडिएट कॉलेज खाखडी मगहरा में इंटर में पूनम यादव 80%अंक प्राप्त कइल लो।

एह उपलब्धि पs विजय शंकर रजक, सनी यादव, सरोज कुमार, सूर्य प्रकाश मिश्रा, शिवम पांडे, राहुल मल्ल, आनन्द वर्मा, धर्मेन्द्र उपाध्याय, सन्तोष यादव आदि बधाई दिहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]