[the_ad_group id="30365"]

हाजीपुर में कोचिंग से घर लवट रहल छात्रा से छेड़छाड़, विरोध कइला पs बदमाश पीट-पीट के मार डलले सs 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वैशाली जिला के करतहा थाना क्षेत्र के थेगडीह स्कूल के लगे बियफे के सांझ कोचिंग से लवट रहल छात्रा के संगे बदमाश लोग छेड़खानी कइल। छात्रा विरोध कइलस तs बदमाश पीट-पीटके ओकर हत्या कs देले सs। मृतक पुतुल कुमारी (15 वर्ष) करताहन थाना के पातेपुर गांव निवासी नरेश सहनी के लईकी रहे। घटना के जानकारी मिलतही उहां परिजनन आ ग्रामीणन के भीड़ लाग गइल। एकरा बाद पुलिसो के एकर सूचना दिहल गइल। सूचना मिलला के बावजूद पुलिस देरी से पहुंचल। एसे आक्रोशित लोग पुलिस के बंधक बना लिहल। बाद में आक्रोशित लोगन के समझा-बुझाके आ दोषियन के तत्काल गिरफ्तारी के आश्वासन देके शांत कइल गइल। एकरा बाद शव के पोस्टमॉर्टम खातिर सदर अस्पताल भेज दिहल गइल।

छात्रा अपना दोस्त के संगे कोचिंग से घरे लवटत रहे

परिजन आ ग्रामीण लोग बतावल कि रोज के तरे पुतुल अपना दोस्तन के संगे कोचिंग में पढ़े गइल रहे। बियफे के सांझ के ऊ अपना गांव के एगो छात्रा के संगे लवटत रहे। रास्ता में ठेगाडीह चौरी के लगे बाइक सवार चार जुवक ओकर पीछा कइल सुरू कs देले सs। जुवक छात्रा के ठेगाडीह स्कूल के लगे रोक लेले सs आ ओकरा संगे छेड़खानी करे लगले सs। एकर विरोध कइला पs मारपीट करे लगले सs। पुतुल के दोस्त उहां से भाग गइल आ परिजनन के एकर जानकारी देलस।

एसडीपीओ ग्रामीणन के शांत करवलें 

सूचना के बाद जब परिजन आ ग्रामीण मवका पs पहुंचलें तs छात्र के मौत हो चुकल रहे। एकरा बाद बाद पुलिस के देर से पहुंचला पs आक्रोशित लोग पुलिसकर्मियन के बंधक बना लिहल। मवका पs पहुंचल थानाध्यक्ष आक्रोशित लोगन के समझाइश देके शांत करवलें। बाद में सदर एसडीपीओ ओमप्रकाश मवका पs पहुंचलें आ आरोपियन के तत्काल गिरफ्तारी के आश्वासन देके सभे के शांत करवलें।

आरोपियों के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी

घटना के संबंध में करताहन थाना के थानाध्यक्ष प्रवीण कुमार बतवलें कि आरोपितन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा। परिजनन के आवेदन के आधार पs प्राथमिकी दर्ज कs के आगे के कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]