[the_ad_group id="30365"]

खुशियन के घर में छइल मातम: गोरखपुर में जुवती के फंदा से लटकत मिलल लाश, आठ दिसंबर के होखे के रहे बियाह 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के गीडा थाना क्षेत्र के एकला में बियाह से दु दिन पहिलही मंगर के माया वर्मा (22) ने फंदा से लटक के खुदकुशी कs लेलस। आरोप बा कि दहेज खातिर ससुराल पक्ष के लोग लगातार लईकी के फोन कs के दबाव बना रहल बा, जवना वजह से ऊ आत्मघाती डेग उठवलस। पुलिस तहरीर के आधार पर ससुराल पक्ष पर खुदकुशी खातिर उकसावे के धारा में केस दर्ज कइले बिया।

जानकारी के मोताबिक, देवरिया जिला के बरहज निवासी मुकेश वर्मा के बियाह गीडा थाना क्षेत्र के एकला गांव में भइल बा। मुकेश के साला ना होखला पर एकला में निवासे पर परिवार के संगे रहे लगले। मुकेश अपना बेटी माया वर्मा के बियाह बेलीपार थाना क्षेत्र के महावीर छपरा निवासी राजेश वर्मा पुत्र योगेंद्र वर्मा के साथ तय कइले रहस।

आठ दिसंबर के एकला में महावीर छपरा से बारात आवे के रहे, जवना के तइयारी में लईकी पक्ष के लोग जुटल रहे। मंगर के सबेरे घर के लोग देखल कि दुल्हिन बने वाली माया वर्मा के शव छड़ के सहारे फंदा से लटक रहल बा। सूचना पर पहुंचल पुलिस जांच पड़ताल में जुट गइल।

माया के पिता मुकेश वर्मा पुलिस के तहरीर देके आरोप लगवलें कि बियाह में ससुराल के लोग काफी दहेज के मांग करे लागल रहे लोग। ऑनलाइन करीब सवा दु लाख आ नकद ढाई लाख रुपिया दिहल गइल रहे, बाकिर लईका राजेश दहेज आउर देवे के दबाव बनावे लागल, जवना से माया बहुते परेसान हो गइल रहे।

पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बिया। प्रभारी निरीक्षक गीडा राकेश सिंह यादव कहलें कि मुकेश वर्मा के तहरीर पर राजेश वर्मा आ ओकरा परिजनन के खिलाफ केस दर्ज कर लिहल गइल बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]