[the_ad_group id="30365"]

दुमका में लड़की के जिंदा जरावल गइल, विवाहित युवक ओके जबर्दस्ती कइल चाहsत रहे दुसका शादी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के दुमका में फिर एगो लइकी के पेट्रोल डार के जरावे के खबर आइल रहे। एगो शादीशुदा युवक ओसे जबर्दस्ती दूसर शादी कइल चाहत रहे, परिजन के इनकार के बाद उ युवती के हत्या का प्रयास कइलस। आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा।
जरमुंडी के डीएसपी शिवेंदर बतवलें कि लइकी के गंभीर रूप से झुलसल हालत में इलाज खातिर रांची भेजल गइल बा। घटना जरमुंडी प्रखंड के भालकी गांव में भइल। आरोपी राजेश राउत नानी के साथ सूतल रहली। 19 साल के मारुति कुमारी पर पेट्रोल डार के आग लगा देहलस। युवती 70 फीसदी झुलस गइल बाड़ी।
पुलिस के अनुसार बियफ़े रात युवती अपने नानी के साथ सूतल रहली तब्बो आरोपी राजेश उनके घर में घुस गइलें अउर ओह पर पेट्रोल डाल के आग लगा देहलस। अचानक भइल एह घटना से घबराइल परिजन उनके तुरंत प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र लेकर पहुंचलें, उहां से ओके रांची भेज दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]