[the_ad_group id="30365"]

जनरल इंश्योरेंस कॉरपोरेशन ऑफ इंडिया में एतना पदन पs निकलल भरती, जानी कइसे होई चयन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

GIC Scale I Officers Recruitment 2023: अगर रउआ नौकरी के तलाश में बानी तs इ खबर रउआ खातिर फायदेमंद साबित हो सकता। भारतीय जनरल इंश्योरेंस कॉरपोरेशन यानी जीआईसी स्केल I ऑफिसर पद पs बहाली खातिर आवेदन आमंत्रित कइले बा। एह बहाली खातिर आवेदन प्रक्रिया शुरू हो गइल बा। योग्य आ इच्छुक उम्मीदवार जीआईसीआरई के आधिकारिक वेबसाइट gicre.in पs जा के ऑनलाइन आवेदन कs सकेलें। अधिसूचना में दिहल विवरण के मुताबिक ए पद पs बहाली खातीर आवेदन करे के अंतिम तारीख 12 जनवरी 2024 बा।

वैकेंसी डिटेल

अधिसूचना से मिलल जानकारी के मुताबिक ए बहाली अभियान से संगठन के कुल 85 पद भरल जाई। –

-हिंदी: 1 पद

-सामान्य: 16 पद

-सांख्यिकी: 6 पद

-अर्थशास्त्र: 2 पद

-कानूनी: 7 पद

-एचआर: 6 पद

-इंजीनियरिंग: 11 पद

-आईटी: 9 पद

-बीमांकिक: 4 पद

-बीमा: 17 पद

-मेडिकल: 2 पद

-हाइड्रोलॉजिस्ट: 1 पद

-भूभौतिकीविद्: 1 पद

-कृषि विज्ञान: 1 पद

-समुद्री विज्ञान: 1 पद

चयन प्रक्रिया

चयन प्रक्रिया में ऑनलाइन टेस्ट, ग्रुप डिस्कसन अवुरी इंटरव्यू अवुरी मेडिकल परीक्षा में प्रदर्शन के आधार पs उम्मीदवार के शॉर्टलिस्टिंग कईल जाला। ऑनलाइन टेस्ट, ग्रुप डिस्कसन अवुरी इंटरव्यू खातीर कुल अंक 200 होई।

आवेदन शुल्क

एह बहाली खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के आवेदन प्रक्रिया आ परीक्षा शुल्क के रूप में 1000 रुपिया (प्लस जीएसटी @18%) देबे के पड़ी। एकरा संगे अनुसूचित जाति/जनजाति श्रेणी के उम्मीदवार, पीएच उम्मीदवार, महिला उम्मीदवार अवुरी जीआईसी अवुरी जीआईपीएसए सदस्य कंपनी के कर्मचारी के एs शुल्क से छूट दिहल बा। एह से जुड़ल विषय पs अधिका जानकारी खातिर उम्मीदवार जीआईसी के आधिकारिक वेबसाइट पs जा सकेलें।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]