[the_ad_group id="30365"]

गाजीपुर में बाराती से भरल बस पs गिरल हाईटेंशन बिजली के तार, कईगो यात्रियन के जरे के आशंका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के गाजीपुर में यात्री से भरल बस में अचानक आग लाग गईल। एs घटना में बहुत यात्री के मउत के आशंका बा। घटना के पूरा जानकारी के प्रतीक्षा बा। जानकारी मिलल बा कि ई घटना महाहर थाना क्षेत्र के महाहर धाम के लगे भइल बा। एगो यात्री बस जवन बियाह के बराती से भरल रहे, ओकरा पs 11000 वोल्ट के हाई टेंशन बिजली के तार गिर गईल अवुरी बस में अचानक आग लाग गईल। बस में बईठल यात्री के जरे के संभावना बा। हालांकि अबे ले मरेवाला के संख्या के पुष्टि नईखे भईल।

 

बतावल जाता कि दुर्घटना से मिलल बस में बियाह के मेहमान से भरल रहे अवुरी कुल 38 बियाह के मेहमान रहले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]